गोली मारके भाग रहल बदमाशन के पीट-पीटके हत्या: छपरा में भीड़ दउड़ा के पकड़लस; एतना पीटलस की मवके पs मौत हो गइल 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 11, 2023

छपरा में ग्रामीण लोग गोली मारके भाग रहल आरोपी के पीट-पीटके हत्या कs दिहल। सुक के देर सांझ बाइक पs सवार दुगो अपराधी गांव में घुसके दो जुवकन पs गोली चलावे लगले सs। गोली जुवकन

Share

छपरा में ग्रामीण लोग गोली मारके भाग रहल आरोपी के पीट-पीटके हत्या कs दिहल। सुक के देर सांझ बाइक पs सवार दुगो अपराधी गांव में घुसके दो जुवकन पs गोली चलावे लगले सs। गोली जुवकन के गोड़ आ कमर में लाग गइल। घायल जुवक शोर मचवले तs ग्रामीण जुट गइल लो। एतने में बदमाश भागे लागल लो। ग्रामीण लोग बदमाशन के पीछा कइल आ एगो के पकड़ लिहल। एकरा बाद भीड़ पीट-पीटके ओकर हत्या कs दिहल। ममिला एकमा थाना क्षेत्र के परसा गढ़ गांव के हs।

सूचना पर पहुंचल पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमॉर्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज दिहल। जबकि घायल जुवकन के इलाज चल रहल बा।

मृतक के पहचान एकमा थाना के रीठ गांव निवासी रविन्द्र उर्फ बूचन शर्मा पिता जगरनाथ शर्मा के रूप में भइल बा।  मृतक कुख्यात अपराधी बतावल जा रहल बा। जवना के खिलाफ कइयन गो मुकदमा दर्ज बा।

का कहत बा लो अधिकारी

एसपी गौरव मंगला बतवलें कि एकमा थाना अन्तर्गत परसागढ़ बाजार निवासी, अजीत पटेल पिता विजय पटेल, विभूति पटेल पिता श्री निवास राउत, दुनो अपना घर पs रहे लो। ओहि क्रम में कवनो बात के लेके कुख्यात अपराधी रविन्द्र ओकनी गोली मारके जख्मी कs दिहल। जवना के बाद भीड़ कुख्यात अपराधी रविन्द्र उर्फ बुचन शर्मा के पीट देलस, जवना से ओकर मौत हो गइल। घटना के बाद पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर भेजा दिहल। घायलन के इलाज सदर अस्पताल में चल रहल बा, दुनो खतरा से बाहर बा लो। पुलिस ममिला के जांच में जुटल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.