[the_ad_group id="30365"]

गाजियाबाद: चप्पल पहिर गोड़ से समोसा के आलू सानत रहे कारीगर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ई वीडियो देखला के बाद कुछ दिन खातिर समोसा खाइल बंद कऽ सकेला। दरअसल समोसा के दोकान में चप्पल पहिनले एगो कारीगर के गोड़ से आलू सानत देखाई देता। सोशल मीडिया पs ई वीडियो बहुत वायरल हो रहल बा।

बरसात के मौसम में गरम समोसा आ हरियर चटनी केकरा ना पसंद होखे? अगर मौसम सुखद होखे तऽ समोसा आ कचोरी के बिक्री बढ़ जाला। बाकिर फिलहाल गाजियाबाद के अइसन वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल होखऽता, जवना के देख के आपके समोसा खाए से घृणा होखे लागी। वइसे खाना बनावे के दौरान गंदगी के बहुत वीडियो अक्सर होटल में देखाई देवेला।

https://x.com/aviralsingh15/status/1838479428516515861?t=qmt0O18qmb2vaP_VAVHE-w&s=19

बाकिर शायद रउरा पहिले अइसन वीडियो ना देखले होखब। वीडियो में रउआ देखब कि समोसा के दोकान के एगो मजदूर समोसा बनावे खातिर आलू सानत बा। बाकिर हाथ से ना गोड़ से बड़का बर्तन में आलू सानत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]