Jammu Terror Attack: जम्मू-कश्मीर में एगो आउर आतंकी हमला, त्राल में यूपी के मजदूर के दहशतगर्द मरले सs गोली

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 24, 2024

जम्मू-कश्मीर में एगो आउर आतंकी हमला भइल बा। अबकी बेर आतंकी पुलवामा में गैर कश्मीरी के निशाना बनवले बाड़ें सs। गोली लगला से मजदूर घायल हो गइल बा। ओकरा के अस्पताल में भर्ती करावल गइल

Share

Security Forces

जम्मू-कश्मीर में एगो आउर आतंकी हमला भइल बा। अबकी बेर आतंकी पुलवामा में गैर कश्मीरी के निशाना बनवले बाड़ें सs। गोली लगला से मजदूर घायल हो गइल बा। ओकरा के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। ओकर हालत खतरा से बाहर बा।

न्यूज एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, जम्मू-कश्मीर के पुलवामा जिला के त्राल इलाका में बियफे के सबेरे आतंकवादी उत्तर प्रदेश के एगो मजदूर के गोली मारके घायल कs देले सs। अधिकारी लोग बतावाल कि बिजनौर निवासी प्रीतम सिंह के बटागुंड गांव में आतंकवादी गोली मार देले सs, मजदूर के हाथ में गोली लागल बा। प्रीतम सिंह के इलाज खातिर अस्पताल ले जाइल गइल बा। पिछला एक हफ्ता में कश्मीर में गैर-स्थानीय मजदूरन पs लगातार हमला हो रहल बा।

गांदरबल में सुरंग बना रहल कंपनी के कैंप पs हमला

एकरा पहिले, गांदरबल में श्रीनगर-लेह हाईवे पs सोनमर्ग के लगे गगनगीर इलाका में जेड मोड़ सुरंग निर्माण कs रहल कंपनी में कार्यरत प्रवासी मजदूरन पs अतवार के रात आतंकी हमला कs के एगो डॉक्टर आ छव मजदूरन के हत्या कs दिहल गइल रहे।

मारल गइल मजदूरन में कश्मीरी आ गैर कश्मीरी दुनो बा लो। प्रवासी मजदूरन पs हाल के बरिसन के सबसे बड़ हमला बतावल जा रहल बा। आतंकी दुगो बतवाल जा रहल बा। ई वारदात शोपियां में बिहार के मजदूर अशोक चौहान के आतंकी हमला में मारल गइला के एक दिन बाद भइल बा।

कश्मीर में बड़ संख्या में बा लो बाहरी मजदूर

बता दीं कि कश्मीर के अलग-अलग जिलन में चले वाला तमाम बड़ परियोजना में प्रवासी मजदूर काम करत बा लो। बिहार, उत्तर प्रदेश, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, पंजाब के मजदूर कश्मीर में सेब के बगइचा आ एकर पैकिंग में काम करत बा लो। निर्माण कंपनियन के अलग-अलग प्रोजेक्ट में ई लोग काम करत बा। इहां तक कि कश्मीर में स्थानीय स्तर पs फल-सब्जी बेचे वालन में एह लोगन के बड़ संख्या बा। रेलवे के योजना में एह मजदूरन से काम लिहल जाला।

जानकारी के अनुसार, आतंकी 2021 में एही तरे प्रवासी मजदूरन पs आतंकी हमला कइल भइल रहे। 16 आ 17 अक्टूबर, 2021 के बिहार आ यूपी के चार मजदूरन के गोली मारके हत्या कs देले रहले सs। तब घाटी से बड़ स्तर पs प्रवासी मजदूर पलायन कइले रहे लो। अब कश्मीर में ओइसने माहौल पैदा करे के कोसिस कइल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.