जम्मू-कश्मीर में बड़ आतंकी हमला, राजौरी में सेना के गाड़ी पs ताबड़तोड़ फायरिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 26, 2025

  जम्मू कश्मीर के राजौरी जिला में संदिग्ध आतंकवादी हमला कइले बाड़न. राजौरी के सुंदरबनी इलाका में संदिग्ध आतंकी भारतीय सेना के गाड़ी पs कई गो राउंड चलवले. ई हमला एगो घना जंगल से भइल

Share

जम्मू-कश्मीर में बड़ आतंकी हमला

  जम्मू कश्मीर के राजौरी जिला में संदिग्ध आतंकवादी हमला कइले बाड़न. राजौरी के सुंदरबनी इलाका में संदिग्ध आतंकी भारतीय सेना के गाड़ी पs कई गो राउंड चलवले. ई हमला एगो घना जंगल से भइल रहे जवना के बाद सेना तुरंत जवाबी कार्रवाई कईलस। हमलावर के पकड़े खातीर सुरक्षा बल इलाका में तलाशी अभियान शुरू कs देले बिया।

सेना चलावत बा सर्च अभियान

जानकारी के मुताबिक आतंकी पेली फाल सुंदरबनी इलाका में सेना के गाड़ी पs अंधाधुंध गोलीबारी कईले। इs हमला अखनूर के मलला अवुरी राजौरी के सुंदरबनी के नजदीक के इलाका में भईल। फायरिंग के बाद संदिग्ध आतंकी भाग गईले। संभावना बा कि आतंकवादी पास के जंगल में लुका गईल बाड़े। फायरिंग के बाद इलाका में आवे जाए वाला गाड़ी के रोक के तलाशी लिहल जाता।

सुंदरबनी सेक्टर के फाल गांव के लगे भईल गोलीबारी में कवनो जानमाल के नुकसान के तत्काल सूचना नईखे मिलल .अधिकारी बतवले कि जंगल में लुकाईल आतंकी इलाका से गुजरत सेना के गाड़ी पs गोली चला देले। एह इलाका के आतंकियन खातिर पारंपरिक घुसपैठ के रास्ता मानल जाला. अधिकारी बतवले कि आतंकियन के बेअसर करे खातिर सैनिक गोलीबारी कइले जबकि आतंकियन के बेअसर करे खातिर सुदृढीकरण भेजल गइल.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.