[the_ad_group id="30365"]

Terrorist Attack: आतंकी घात लगाके सैन्य वाहन के विस्फोट कs के उड़वलें सs, पुंछ में गइल पांच जवानन के जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर के पुंछ जिला में आतंकी घात लगाके सैन्य वाहन पs विस्फोट से हमला कs देलें सs। एमे पांच जवान शहीद हो गइल बा लो। अचानक भइल एह हमला के बाद मवका पs सैन्य आ पुलिस अधिकारी पहुंचल लो। ऊ आसपास के लोगन के संगे मिलके वाहन में लागल आग बुझाके राहत आ बचाव अभियान चलावल लो।

घन जंगल वाला भाटादूडियां इलाका में लागल सैन्य वाहन में विस्फोट के बाद भीषण आग लाग गइल रहे। प्राथमिक तौर पs आसमानी बिजली गिरला से घटना होखे के बात सामने आइल रहे। अब सैन्य अधिकारी आतंकी हमला होखे के बात कहले बा लो। जवना इलाका में ई हादसा भइल बा उहां पिछिला साल आतंकियन आ सैन्य कर्मियन के बीच कइयन दिन तक मुठभेड़ भइल रहे।

पुलिस अधिकारी बतावल लो कि पुंछ आ राजोरी जिला के सीमा पs भाटादूडियां इलाका में बियफे के दुपहरिया के ई हादसा भइल। एह घटना के एगो वीडियो सामने आइल बा। ऊ बतवलें कि पुंछ-जम्मू नेशनल हाईवे पs सैन्य वाहन कुछ सामान लेके जात रहे। एमे जवानो सवार रहे लो।

घन जंगल के बीच आतंकियन के एगो दल वाहन पs हमला कs देलस। एसे वाहन में आग भड़क उठल। एकरा से ओमे सवार जवान बुरा तरे झुलस गइल लो। एमे से पांच मवके पs दम तुड़ दिहल लो। घटनास्थल पs पहुंचल सेना के अधिकारियन आ जवानन द्वारा आग से झुलसल साथियन के स्थानीय अस्पताल पहुंचावल गइल।

उत्तरी कमान के अनुसार बियफे के तीन बजे राजोरी सेक्टर में बिंभर गली आ पुंछ सीमा पs सेना के वाहन पs आतंकी ग्रेनेड से हमला कइले सs। जवना समय ई हमला कइल गइल रहे ओह समय इलाका में बरखा होत रहे। बहुते कम दृश्यता के फायदा उठाके आतंकी एह घटना के अंजाम देलें सs।

ग्रेनेड में विस्फोट होखला के बाद वाहन में आग लाग गइल। एमे काउंटर टेररिस्ट ऑपरेशन खातिर तैनात राष्ट्रीय राइफल्स यूनिट के पांच जवान मवके पs शहीद हो गइल लो। एगो आउर गंभीर जवान के राजोरी के सैन्य अस्पताल में उपचार चल रहल बा। घटना के बाद इलाका में तलाशी अभियान जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]