[the_ad_group id="30365"]

छपरा में सियार के आतंक, माई के साथे सुतल 2 साल के बच्ची के उठा ले गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दाउदपुर (सारण): थाना क्षेत्र के कोहड़ा गांव में बुध के रात एगो झोपड़ी में सुतल दु साल के मासूम बच्ची के सियार उठा ले गइल। तलाशी के दौरान मरेवाली लइकी के आधा लाश घर से करीब 100 मीटर दूर बरामद भइल।

घटना के बाद पीड़िता के परिवार में रोअन पिटन पड़ गइल। मिलल जानकारी के मुताबिक कोहड़ा गांव निवासी रंगलाल बांसफोर के बेटी आ पिंटू बांसफोर के पत्नी काजल देवी रात में अपना पालानी वाला घर में दु साल के बेटी पिहू के संगे सुतल रहली।

बेटा विशाल उनका बगल में सुतल रहे। रात के 2 से 3 बजे के आसपास जब काजल देवी नींद से उठली तऽ उऽ उठ के बइठ गइली। अपना बगल में सुतल बेटी के लापता देख के उऽ चिल्ला उठली। हल्ला सुन के ओकर महतारी सुमिता देवी समेत पास के लोग जाग गइले आ लइकी के खोजे लगले।

कुछ समय बाद घर से 100 मीटर के दूरी पs सियार के एगो समूह लइकी के लाश के खरोंचत देखाई देलस। जब लोग पहुंचल तऽ गीदड़ भाग गइले। लइकी के लाश के आधा हिस्सा गीदड़ खा चुकल रहे। ओकरा बाद आधा लाश के उठा के ले आवल गइल।

सबेरे परिवार के लोग स्थानीय मुख्य प्रतिनिधि आ आरएलएमओ नेता ओमप्रकाश कुशवाहा के घटना के जानकारी देले। एकरा बाद ओमप्रकाश कुशवाहा मांझी के सीओ सौरभ अभिषेक अवुरी दाउदपुर थाना प्रमुख नवलेश के जानकारी देले। एकरा बाद दाउदपुर थाना के मदद से लाश के पोस्टमार्टम खाती सदर अस्पताल छपरा भेज देले।

एह मौका पर सरपंच प्रतिनिधि राज कुमार राय, बीडीसी के पूर्व प्रतिनिधि हसनैन आलम समेत कई लोग मौजूद रहे। घटना के बाद मरेवाली लइकी के परिवार के लोग शोक मे डूबल बा। सियार के डर से गांव के लोग में दहशत मचल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]