[the_ad_group id="30365"]

मोतिहारी में मंदिर पुजारी के गोली मारके हत्या, घटना के बाद अपराधी भइले फरार, लोगन में आक्रोश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एसएसबी कैंप, थाना आ स्थानीय स्टेशन बा अगरी-कगरी

सुरक्षा घेरा के बीच उनकर हत्या से लोगन में आक्रोश बा। सुरेश मस्तान पांच भाई बाड़े। सभे के आपन कारोबार बा। उनकर भतीजा के कुंडवाचैनपुर पंचायत के पैक्स अध्यक्ष के साथ ईट आ उर्वरक के बेयपार बा। मृतक के एगो बेटा ऋषिकेश एसएसबी मुजफ्फरपुर में पदस्थापित बाड़े आ छोट लईका घर के काम देखेला। सुरेश दुनियादारी से अलग हटके कुछ बरिसन से मंदिर के पूजा-पाठ में लागल रहत रहले। एकरा बादो अपराधियन के गोली के शिकार भइला से लोग अचंभित बा। घटना के पीछे लोग जमीन विवाद के जोड़के देख रहल बा, जवन पुलिस जांच के बाद स्पष्ट हो पाई। इहां उल्लेख कइल जरूरी बा कि 10 जुलाई के कुण्डवा चैनपुर के व्यवसायी शंभू साह दुकान बंद कs के घरे लवटत रहले। ओहि बेरा अपराधियन द्वारा गोड़ में गोली मारके 50 हजार रुपिया लूट लिहल गइल रहे। ओहु घटना के खुलासा अभी ले बाकी बा।

हत्यारन के गिरफ्तारी ना भइल तs होई आंदोलन :अवनीश

भाजपा के ढाका आ चिरैया के पूर्व विधायक अवनीश कुमार सिंह कहले कि हत्या कवनो समस्या के समाधान नइखे भइल। जुवक गलत रस्ता अपना रहल बा, ओह लो के ह्त्या के मार्ग छोड़ के सही रास्ता अपनावे के चाहीं। ऊ सुरेश मस्तान के हत्या पs दुख व्यक्त करत कहले कि स्वच्छ आ लड़ाकू छवि के मस्तान के हत्या से ढाका क्षेत्र मायूस बा। सीमावर्ती क्षेत्र से अपराधी आ गलत धंधेबाज सुरेश मस्तान के भय से भारतीय सीमा में आवे से कतरात रहे लो। अइसन आदमी के हत्यारन के गिरफ्तारी शीघ्र करे के मांग बा। जदि गिरफ्तारी ना भइल तs आंदोलन कइल जाई। एह ममिला में मुख्यालय डीएसपी के कहनाम बा कि बाजार में लागल सीसीटीवी फुटेज से ममिला के जांच कs के अपराधियन पs कार्रवाई कइल जाई।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]