Canada: हिंसक प्रदर्शनन के खतरा के बीच कनाडा में मंदिर के कार्यक्रम रद्द, सुरक्षा देवे में नाकाम पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

कनाडा में ब्रैम्पटन त्रिवेणी सामुदायिक केंद्र अतवार के भारतीय वाणिज्य दूतावास के ओर से आयोजित जीवन प्रमाण पत्र वितरण समारोह के रद्द कs दिहल। ऊ खालिस्तानी धमकियन पs चिंता जतावत ई फैसला लेलें। भारतीय मूल

Share

कनाडा में ब्रैम्पटन त्रिवेणी सामुदायिक केंद्र अतवार के भारतीय वाणिज्य दूतावास के ओर से आयोजित जीवन प्रमाण पत्र वितरण समारोह के रद्द कs दिहल। ऊ खालिस्तानी धमकियन पs चिंता जतावत ई फैसला लेलें। भारतीय मूल के हिंदुअन आ सिखन के जरूरी जीवन प्रमाणपत्र नवीनीकरण खातिर 17 नवंबर के कॉन्सुलर शिविर निर्धारित कइल गइल रहे।

ब्रैम्पटन त्रिवेणी सामुदायिक केंद्र कहलस, “17 नवंबर के भारतीय वाणिज्य दूतावास के ओर से आयोजित जीवन प्रमाण पत्र वितरण समारोह के रद्द कs दिहल गइल बा। पील क्षेत्रीय पुलिस के आधिकारिक खुफिया जानकार के बाद ई फैसला लिहल गइल। ऊ बतवलें कि उच्च स्तरीय हिंसात्मक प्रदर्शनन के खतरा बा।”

सामुदायिक केंद्र कइलस सुरक्षा सुनिश्चित करे के अपील

सामुदायिक केंद्र पील पुलिस के ब्रैम्पटन त्रिवेणी मंदिर के खिलाफ मिल रहल धमकियन पs ध्यान देवे आ हिंदू समुदाय खातिर सुरक्षा सुनिश्चित करे के अपील कइलें। मंदिर प्रशासन कहलस, “हमनी के कम्यूनिटी के ओह सब सदस्यन से माफी मांगत बानी सs जे एह कार्यक्रम पs निर्भर रहे। हमनी के एह बात के दुख बा कि कनाडा के लोग इहां के मंदिरन में आवे में असुरक्षित महसूस करेला। हमनी पील पुलिस के एकर जानकारी देलें आ ओकरा से कनाडा में हिंदू समुदाय खातिर सुरक्षा सुनिश्चित करे के अपील कइलें।”

पहिलहूं हो चुकल बा हिंसक झड़प

एकरा पहिले तीन नवंबर के ब्रैम्पटन के हिंदू सभा मंदिर में कॉन्सुलर कैंप में खालिस्तानी समर्थक हमला कs देलें सs, जवना से उहां हिंसा फइल गइल रहे। पील पुलिस एह हिंसक झड़प के खिलाफ कार्रवाई कइलस। भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह हिंसक झड़प के निंदा कइलस। ऊ एकरा के भारतीय राजनयिकन के डरावे-धमकावे के कायरतापूर्ण कोसिस बतवलें। एकरा संगही ऊ कनाडाई अधिकारियन से न्याय सुनिश्चित करे खातिर त्वरित कार्रवाई के अपील कइलें।

गौरतलब बा कि पिछला साल कनाडाई सरकार के ओर से खालिस्तानी आतंकी हरदीप सिंह निज्जर के हत्या में भारतीय एजेंटन के संलिप्तता के आरोप लगववला के बाद से दुनो देसन के संबंध गंभीर तनाव में आ गइल। हालांकि, भारत कनाडाई सरकार के आरोपन के खारिज कs देले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.