[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में मौसम: पांच डिग्री गिरल पारा…कपकपइले लोग

गोरखपुर में मौसम
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शीतलहर के चलते मंगल के अधिकतम तापमान में पांच डिग्री सेल्सियस के गिरावट आईल। आर्द्रता भी 97 रहे। मंगल के दिन भर ठंड के चलते लोग सिहरत रहले। ट्रेन अवुरी उड़ान प्रभावित भईल। मौसम विभाग के ओर से जारी सावधानी संदेश के ध्यान में राखत स्कूल में भी दु दिन के छुट्टी के घोषणा कईल गईल बा। मौसम विभाग आजु आ काल्हु ऑरेंज अलर्ट जारी कइले बा.

शहर के भीतर भी कोहरा के चलते दृश्यता 50 मीटर से कम हो गईल। शहर से बाहर सड़कन पs कई जगहा दृश्यता शून्य रहे। मंगल के अधिकतम तापमान 15.4 डिग्री सेल्सियस अवुरी सोमार के 20.5 डिग्री सेल्सियस रहल। तापमान में गिरावट के चलते मंगल के लोग सिहरत रहले।

मौसम वैज्ञानिक मोहम्मद दानिश बतवले कि बुध अवुरी बियफ़ें के ऑरेंज अलर्ट अवुरी शुक-शनिचर के यलो अलर्ट जारी कईल गईल बा। एह दौरान पश्चिमी यूपी में बरखा आ पूर्वी यूपी में घना कोहरा के अनुमान बा। दू दिन अउरी तापमान में कवनो खास बदलाव ना होई। बाकिर ओकरा बाद दु ​​डिग्री सेल्सियस के बढ़ोतरी होई।

इहो पढ़ीं: Mahakumbh: 29 जनवरी के होई दूसरका अमृत स्नान, जानीं काहें इs बा दिन बेहद खास

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]