[the_ad_group id="30365"]

Teligram: टेलीग्राम अनुवाद के नया फीचर जोड़लस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेलीग्राम मैसेंजर (Telegram Messenger) अपना यूजर के नया-नया अपडेट देत रहेला। ऊ ऐप में कइयन सारा फीचरन के जोड़ले बा। एमें समूचा चैट के अनुवाद कइल, प्रोफाइल पिक्चर मेकर, इमोजी कैटोगरी जइसन फीचर बा।

रिपोर्ट के मोताबिक, प्रीमियम यूजर्स टॉप पs अनुवाद बार के टैप कs के वास्तविक समय में चैट, समूहन आ चैनलन के अनुवाद करे में सक्षम होई लो। हालांकि, सब यूजर्स अलग-अलग संदेशन के चयन आ अनुवाद पs टैप कs के अनुवाद कs सकत बा लो। एकरा आलावे, प्रोफाइल फोटो मेकर यूजर के  अपना अकाउंट्स, समूहन भा चैनलन खातिर कवनो स्टीकर भा एनिमटेड इमोजी के जल्दी से प्रोफाइल पिक्चर में बदले के अनुमति दी।

कंपनी कहलस कि सब केहू एह तस्वीरन खातिर एनिमेटेड आ कस्टम इमोजी के इस्तेमाल कs सकत बा। कंपनी इमोजी कैटेगरियो के जोड़ले बा, जेमे यूजर के कैटेगरी के हिसाब से स्टिकर्स आ इमोजी मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]