[the_ad_group id="30365"]

Telegram CEO Arrest: टेलीग्राम के CEO पावेल डुरोव गिरफ्तार, फ्रांस में हवाई अड्डा पऽ पकड़ल गइले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Telegram CEO Arrest: टेलीग्राम मैसेजिंग ऐप के अरबपति संस्थापक आ सीईओ पावेल डुरोव ले शनिचर सांझ के पेरिस के बाहर बॉर्गेट हवाई अड्डा पs गिरफ्तार कइल गइल। रूस के विदेश मंत्रालय सवाल कइलस कि का पश्चिमी गैर-सरकारी संगठन (NGO) डुरोव के रिहाई के मांग करहें। रूस में जन्मल 39 वर्षीय डुरोव मैसेजिंग ऐप टेलीग्राम के संस्थापक आ मालिक हउअन। टेलीग्राम एगो मुफ्त उपयोग करे वाला प्लेटफॉर्म हऽ।

टेलीग्राम मैसेजिंग ऐप के सीईओ पावेल दुरोव के फ्रांस में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा। ई जानकारी टीएफ वन टीवी साझा कइले बा। जानकारी के मुताबिक, टेलीग्राम मैसेजिंग ऐप के अरबपति संस्थापक अवुरी सीईओ पावेल डुरोव के शनिचर के सांझ पेरिस के बहरी बोर्गेट हवाई अड्डा पs गिरफ्तार कऽ लिहल गइल। टीएफ वन के मुताबिक डुरोव अपना निजी जेट से सफर करत रहले। हालांकि टेलीग्राम अबही ले एकरा पs कवनो जवाब नइखे देले।

टेलीग्राम के फेसबुक, यूट्यूब, व्हाट्सएप, इंस्टाग्राम, टिकटोक अवुरी वीचैट के बाद अग्रणी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के रूप में पहचानल गइल बा। एकर लक्ष्य अगिला साल एक अरब यूजर तक पहुंचे के बा। दुबई के टेलीग्राम के स्थापना रूस में जनमल डुरोव कइले रहले। उऽ 2014 में रूस छोड़ के चल गइले।

तऽ एह वजह से कइल गइल गिरफ्तार!

जानकारी के मुताबिक दुरोव के टेलीग्राम ऐप से जुड़ल मामला में गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। दरअसल फ्रांस के पुलिस आपन जांच टेलीग्राम पs संचालक के कमी प केंद्रित कइले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि संचालकन के कमी का चलते मैसेजिंग ऐप पर आपराधिक गतिविधि बिना कवनो रुकावट के जारी राखल गइल।

डुरोव के लगे 15.5 अरब डॉलर के संपत्ति बा

डुरोव अजरबैजान से फ्रांस पहुंचल रहले। फोर्ब्स के मुताबिक दुरोव के संपत्ति 15.5 अरब डॉलर बा। दुरोव कहले कि कुछ सरकार उनका पs दबाव बनावे के कोशिश कइले बिया, बाकिर अब 90 करोड़ सक्रिय उपयोगकर्ता वाला ए ऐप के एगो ‘तटस्थ प्लेटफॉर्म’ बनल रहे के चाही। ओने रूस के कई गो ब्लॉगर एतवार का दुपहरिया में दुनिया भर में फ्रांस के दूतावासन में विरोध प्रदर्शन करे के गोहार लगवले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]