[the_ad_group id="30365"]

SC-ST आरक्षण में कोटा पऽ तेजस्‍वी के विरोध, बोलले- केंद्र सरकार अध्‍यादेश लिआवे, ना तऽ सड़क पऽ संघर्ष होगा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के बहुत राजनीतिक दल अनुसूचित जाति-जनजाति आरक्षण के भीतर कोटा के लेके सुप्रीम कोर्ट के फैसला के पक्ष में नइखन। बिहार में लालू प्रसाद यादव के राजद आ चिराग पासवान के लोजपा (रामविलास) एकरा खिलाफ बा। तेजस्वी यादव केंद्र सरकार से माँग कइले बाड़न कि एमें विसंगति दूर करे खातिर अध्यादेश ले आवल जाव।

हालही में सुप्रीम कोर्ट अपना कई साल पुरान फैसला के उलट के अनुसूचित जाति/जनजाति आरक्षण में कोटा के भीतर कोटा के मंजूरी दे दिहले बा। तब से इ मुद्दा गरम हो गइल बा आ देश भर में चर्चा के विषय बन गइल बा।

कई गो पार्टी एकर समर्थन में बाड़ी सन आ बहुते लोग एकरा खिलाफ बा। एकरा संगे-संगे राजदो एह फैसला के खिलाफ मोर्चा खोल देले बिया आ एकरा के बदले के मांग कइले बिया।

क्रीमी लेयर के प्राविधान पऽ जतवले आपत्ति

विधानसभा नेता विपक्ष तेजस्वी यादव प्रेस कांफ्रेंस में बोलत कहले कि हमनी के पार्टी के राय हमेशा रहल बा कि आरक्षण गरीबी उन्मूलन योजना ना हऽ। जब अनुसूचित जाति/जनजाति खातिर आरक्षण के आधार आर्थिक नइखे तऽ ओकरा में क्रीमी लेयर के प्रावधान काहे ले आवल जा रहल बा? इ फैसला भारतीय संविधान आ 1932 के पूना संधि के मूल भावना के खिलाफ बा।

तेजस्वी कहले कि आरक्षण के आधार आर्थिक ना, बलुक समाज में युगन से व्याप्त सामाजिक भेदभाव, अछूत आ सामाजिक पिछड़ापन बा।

मांझी-अखिलेश के बारे में उल्लेख

आजो जब पूर्व सीएम जीतन राम मांझी आ अखिलेश यादव मंदिर जाले तऽ जन्म से श्रेष्ठ स्वघोषित लोग मंदिर के गंगा पानीयो से धोवेला। मुट्ठी भर लोग देश के करोड़ों दलित आ आदिवासी के भाग्य बनावे वाला नइखे बन सकत।

केंद्र सरकार के चेतावनी दिहले

विपक्ष के नेता कहले कि देश के दलित, आदिवासी आ वैधानिक दर्जा पावे वाला अनुसूचित जाति/जनजाति आयोग अपना नीमन-बाउर के बारे में सोचे में सक्षम बाड़े। सरकार के आपन फैसला ओह लोगन पs थोपे के कोशिश ना करे के चाहीं। हम चाहऽतानी कि केंद्र सरकार तुरंत अध्यादेश ले आवे अउरी वर्गीकरण से जुड़ल विसंगति के दूर करे, ना तऽ दलित-आदिवासी भाई-बहिन के साथे सड़क पs संघर्ष होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]