[the_ad_group id="30365"]

टेडी डे 2023: उपहार के रूप में मिलल टेडी से साथी के दिल के बात जानीं, हर टेडी बियर के एगो खास मतलब होला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  • टेडी डे 2023: उपहार के रूप में मिलल टेडी से साथी के दिल के बात जानीं, हर टेडी बियर के एगो खास मतलब होला

टेडी डे 2023 : फरवरी के महीना के मतलब होला प्यार के महीना। एह महीना में वैलेंटाइन वीक मनावल जाला। 7 फरवरी से वैलेंटाइन वीक शुरू हो गईल बा। एह हफ्ता के चउथा दिन टेडी डे मनावल जाला। प्रेम के बाकी दिन निहन इ दिन भी ए जोड़ी खातीर बहुत खास बा। असल में वैलेंटाइन वीक के हर दिन प्यार के इजहार के अलग-अलग तरीका के प्रदर्शन होखेला। टेडी डे पे भी प्रेमी-प्रेमिका आपन मन के इजहार करेले। लोग एह दिन अपना साथी के टेडी बियर गिफ्ट करेला। एह दिन के मनावे के एगो कारण इहो बा कि लइकिन के टैडी बहुत पसंद बा। एकर एगो अउरी कारण बा कि टेडी बियर भी प्रेमी के भावना के अभिव्यक्ति करेला। गुलाब के रंग निहन टेडी बियर के रंग अउरी प्रकार के भावनात्मक अर्थ होखेला। अइसना में लड़िका प्रेमिका के टेडी बियर देत घरी अपना दिल के बात करे खातिर एह वैलेंटाइन में एकर मतलब जान लीं। दूसर ओर लईकी टेडी बियर के रंग अउरी डिजाइन देख के प्रेमी के एहसास के पहचान क सकतारी।

टेडी बियर देके कहीं दिल के बात

 

•अगर कवनो लाल रंग के टेडी बियर दिल पकड़ले बा त एकर मतलब बा कि ओकरा के देबे वाला कहत बा कि हम तोहरा से प्यार करेनी। माने कि एह प्रकार के टेडी बियर प्रेम के अभिव्यक्ति के प्रतीक ह।

• अगर लाल रंग के टेडी बियर के संगे चॉकलेट बा त एकर मतलब बा कि साथी ए रिश्ता के हमेशा खातीर बान्हल चाहतारे, माने कि उ आपके बियाह खातीर प्रपोज करतारे।

• गुलाबी रंग के टेडी बियर के मतलब प्यार हो रहल बा। मतलब कि दोस्त आपके ओर आकर्षित बा अउरी ए रिश्ता के मौका दिहल चाहता।

•गुलाबी रंग के टेडी वाला प्रेम पत्र होखे के मतलब बा कि आपके प्रेमी आपके जरूरत के महसूस करतारे। ओकरा राउर कंपनी चाहीं।

• पीला रंग के टेडी बियर के संगे प्रेम पत्र होखे के मतलब बा कि प्रेमी आपके याद करतारे।

• दू गो गुलाबी रंग के टेडी बियर के एक संगे देवे के मतलब बा कि उ आपके संगे समय बितावल चाहता। रउरा से कवनो फिलिम आ डेट खातिर चले के कहत तरे।

•लाल रंग के दुगो टेडी के मतलब बा कि साथी आपके लंबा ड्राइव पे जाके एक संगे लंच करे के कहतारे।

• तीन गो पीला रंग के टेडी बियर के डिजाइन गहिराह दोस्ती के प्रतीक ह।

•लाल रंग के दुगो टेडी के मतलब बा कि साथी आपके लंबा ड्राइव प जाके एक संगे लंच करे के कहतारे।

 

• तीन गो पीला रंग के टेडी बियर के डिजाइन गहिराह दोस्ती के प्रतीक ह।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]