[the_ad_group id="30365"]

पइसा दिहीं ब्लू टिक लिहीं: फेसबुक आ Instagram के पेड सर्विस सुरू भईल, जानि केतना कटी थगली से!!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छोट पs कवनो तमासा वाला गांव में आवे तs कहे कि पईसा फेंकs आ तमासा देखs बाकिर अब दुनिया बदल गइल बिया हर जगे खाली सोशल मीडिया के बोलबाला बा एकर चारो ओर दुनिया के हरेक कोना तक में पहुंच बा आ बुला एही से सोशल मीडिया प्लेटफार्मो ओहि तमासा वाला के बातन के सही ठहरावत के बाड़ी सs कि “पईसा दs आ ब्लू टिक लs”

ट्विटर के पेड ब्लू टिक सर्विस के बाद मेटो भला एह में कहां से पीछे रहित तs जानकारी के मोताबिक मेटो पेड ब्लू टिक के घोषणा कइले रहे। कंपनी  पिछिला सप्ताह एकर एलान कइले रहे आ एकर  शुरुआत हो गईल बा। अब Facebook आ Instagram के यूजर्स पईसा देके अपना अकाउंट के वेरिफाई करा सकत बाड़े। वईसे आप सब के ईयाद दिला दीं कि अभी तक ले ई सर्विस फ्री रहे।

Facebook आ Instagram  सबसे पहिले ऑस्ट्रेलिया आ न्यूजीलैंड में पेड सब्सक्रिप्शन के शुरुआत कइले बाटे। एह देश के यूजर्स के वेब वर्जन  खातिर 11.99 डॉलर माने करीब 990 रुपया आ आईओएस अउरी एंड्रॉइड मोबाइल प्लेटफॉर्म पs 14.99 डॉलर माने करीब 1,240 रुपये हर महीना देबे के होई।

Facebook आ Instagram के ब्लू टिक वेरिफिकेशन के  यूजर्स को सरकारी पहचान पत्र देबे के पड़ी। एकरा अलावा पईसा देबे वाला यूजर्स के डायरेक्ट कस्टमर सपोर्ट मिली आ उनकर पोस्ट के बेसी रीचो  मिली।

मेटा के एगो प्रवक्ता के अनुसार Facebook आ Instagram के पेड वेरिफिकेशन फीचर अगिला सात दिनन में मय दुनिया में लॉन्च कइल जाई, हालांकि सिडनी के कुछ यूजर्स एह सर्विस के ना मिले के पुष्टि कइले बाड़े। एह सर्विस से मेटा के रेवेन्यू में भारी इजाफा देखे के मिल सकत बा।

 

ट्विटर पहिलही कई चुकल बा एलान

 

एह से पहिले माइक्रो ब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म ट्विटर हालहीं में पेड सब्सक्रिप्शन सर्विस Twitter blue के लॉन्च कईल रहे। भारत में ब्लू टिक लेबे आ प्रीमियम सब्सक्रिप्शन सर्विस फीचर्स के इस्तेमाल करे खातिर मोबाइल यूजर्स के 900 रुपया प्रतिमाह चुकावे के होई।

ओहिजे कंपनी  650 रुपया में सबसे कम कीमत वाला प्रीमियम सब्सक्रिप्शन प्लानो जारी कइले रहे। ई प्लान वेब यूजर्स खातिर। बता दिहीं कि कंपनी ट्विटर ब्लू के पिछला साल  नएका रूप में जारी कइले रहे। एह से पहिले अमेरिका, ब्रिटेन, कनाडा, ऑस्ट्रेलिया, न्यूजीलैंड आ जापान समेत कुछ देशन में लॉन्च कइल गइल रहे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]