[the_ad_group id="30365"]

Tech Tips: लॉन्चिंग से पहिले रउआ मिली WhatsApp के फीचर्स, बस करे के होई ई काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ई हमनी के सब केहू जानत बानी सs कि Whatsapp दुनिया के सबसे बड़ मल्टीमीडिया मैसेजिंग एप हs। Whatsapp हर महीना कइयन गो फीचर्स के टेस्टिंग करत रहेला आ ओकरा बाद ओकरा के सब लोगन खातिर रिलीज कइल जाला। कवनो फीचर के लॉन्चिंग से पहिले बीटा यूजर्स ओकर टेस्टिंग करेला लो। अइसन में बीटा यूजर्स के कवनो फीचर के सबसे पहिले टेस्ट करे के मवका मिलेला। जदि रउओ Whatsapp बीटा यूजर बनल चाहत बानी तs ई खबर रउआ खातिर बा। एह रिपोर्ट में हमनी  के रउआ के बीटा यूजर्स बने के प्रोसेस के बारे मे बताएम सs।

गूगल प्ले-स्टोर करी मदद

सबसे पहिले रउआ अपना एंड्रॉयड फोन के गूगल प्ले-स्टोर में जाके व्हाट्सएप सर्च करे के बा। अब व्हाट्सएप के इंस्टॉल कइला के बाद प्ले-स्टोर के ओह पेज के एकदम नीचे जाईं, उहां रउआ बीटा यूजर्स बने के विकल्प मिली भा फेर बीटा टेस्टर बने खातिर इहां क्लिक करीं के ऑप्शन लउकी।

अब रउआ BECOME TESTER पs क्लिक करे के बा आ तनिका देर इंतजार करे के बा। तनिये देर बाद सर्च व्हाट्सएप पs नीचे के ओर रउआ You’re a beta tester for this app. Awesome! लउके लागी।

अब रउआ बीटा यूजर बन चुकल बानी। अब समय-समय पs अपना व्हाट्सएप के अपडेट करत रहीं। रउआ सबसे पहिले नया-नया फीचर्स मिलत रही। रउआ जब चाहीं बीटा यूजर्स ग्रुप से बहरियो आ सकत बानी।

व्हाट्सएप के नया फीचर्स के यूज करे के एगो आउर तरीका बा। एकरा खातिर रउआ व्हाट्सएप के beta वर्जन डाउनलोड करे के होई। एप डाउनलोड कइला के बाद Become a Beta Tester सेक्शन में जाके Im In बटन पs टैप करीं आ Join पs क्लिक करीं। प्रोसेस पूरा होखला के बाद राउर व्हाट्सएप बीटा वर्जन में अपडेट हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]