[the_ad_group id="30365"]

Olympic Games Paris 2024: Google बनवलस पानी में तैराकी वाला Doodle, Swimming बा आज के थीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आज माने 6 अगस्त 2024 के पेरिस ओलंपिक के 11वां दिन हs। रोजाना के तरे आजो गूगल ओलंपिक खेलन खातिर एगो नया डूडल जारी कs देले बा। आज के डूडल Artistic Swimming खातिर बनावल गइल बा। एह डूडल में तीन बर्ड्स पानी में तैराकी करत नजर आ रहल बा लो। ओहिजा, दूसरका बड्स ऑडियंस के तरे कॉम्पटीटर्स के उत्साह बढ़ावत उनका के चीयर करत दिख रहल बा।

मालूम होखे कि एह दिनन गूगल पेरिस ओलंपिक खातिर रोज एगो अलग गेम पs डूडल जारी कs रहल बा। ई सिलसिला 26 जुलाई से सुरू भइल रहे।

पेरिस ओलंपिक खातिर पहिला गूगल डूडल

पेरिस ओलंपिक खातिर गूगल के ओर से पहिला डूडल ओलंपिक गेम्स के सुरुआत के जश्न मनावत पेश कइल गइल रहे। एकरा बाद हर रोज एगो नया डूडल जारी कइल जा रहल बा। बता दीं, पेरिस ओलंपिक अब अपना समाप्ति के नजदीक आ चुकल बा। पेरिस ओलंपिक के क्लोजिंग सेरेमनी 11 अगस्त के होई।

आर्टिस्टिक स्विमिंग खातिर आज के शेड्यूल

एह डूडल पs क्लिक कइला के संगही गूगल यूजर्स ओलंपिक खेल पेरिस 2024 खातिर कलात्मक तैराकी के शेड्यूल आ नतीजा चेक कs सकत बा लो। गूगल डूडल पs जानकारी दिहल गइल बा है कि ओलंपिक खेल पेरिस 2024 में Artistic swimming Technical routine पूरा हो चुकल बा। ओहिजा, Artistic swimming Free routine आज रात 11PM खातिर शेड्यूल भइल बा।

आज के गूगल डूडल के डिस्क्रिप्शन बा-कलात्मक तैराकी प्रतियोगियन के दिमाग में दुगो बात होला: तालमेल आ तइरल!

ओलंपिक में भारत खातिर आज के दिन

पेरिस ओलंपिक में भारत खातिर आज के दिन बहुते अहम मानल जा रहल बा। आज भारतीय हॉकी टीम सेमीफाइनल में जर्मनी के सामने उतरी। भारतीय हॉकी टीम के नजर फाइनल पs जगह बनावे पs टिकल होई। एही के संगे आज के दिन नीरज चोपड़ा के लेके खास होई। आज देस के फेर से मेडल के उम्मीद रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]