Netflix, Amazon Prime Video आ Disney+Hotstar के फ्री में ले सकत बानी मजा, बस करवावे के होई Jio के ई रिचार्ज

By Anurag Ranjan

Published on: May 22, 2024

Netflix, Amazon Prime Video आ Disney+Hotstar के फ्री में ले सकते हैं मजा, बस करवावे के होई Jio के ई रिचार्ज ओटीटी प्लेटफॉर्म पs कंटेंट वॉच कइल ए घरी के ट्रेंड में शुमार हो चुकल

Share

Netflix, Amazon Prime Video आ Disney+Hotstar के फ्री में ले सकते हैं मजा, बस करवावे के होई Jio के ई रिचार्ज

ओटीटी प्लेटफॉर्म पs कंटेंट वॉच कइल ए घरी के ट्रेंड में शुमार हो चुकल बा। हालांकि, परेसानी तब आवेला जब Netflix, Amazon Prime Video, Disney+Hotstar जइसन स्ट्रीमिंग सर्विस खातिर अलग से फी पs करे के जरूरत पड़त बा।

बहुते यूजर एकरा के एकस्ट्रा खर्चा मान के अपना एंटरटेनमेंट के जरूरत के खास अहमियत ना देवेला लो। यूजर्स के एही स्थिति के देखत टेलीकॉम कंपननी रिचार्ज प्लान के संगे ओटीटी के सर्विसो देवेला।

जदि रउआ जियो यूजर बानी तs रिचार्ज प्लान के संगही ओटीटी के मजा ले सकत बानी। एह आर्टिकल में जियो के कुछ प्लान के जानकारी दिहल जा रहल बा, जवना के संगे Netflix, Prime, Disney+Hotstar के फ्री में इंजॉय कs सकत बानी-

जियो के सबसे सस्ता प्लान

ओटीटी सब्सक्रिप्शन के संगे जियो के सबसे सस्ता प्लान 398 रुपिया में आवेला। ई प्लान 28 दिन के वैलिडिटी के संगे आवेला। एह प्लान में 56 GB डेटा, अनलिमिटेड वॉइस कॉल, 100 एसएमएस के सुविधा मिलत बा।

एह प्लान में Netflix, Prime Video आ Hotstar तs ना, बाकिर Sony LIV के संगे JioTV के एक्सेस, ZEE5 आ 1 महीना खातिर JioCinema Premium subscription के सुविधा मिलेला।

जियो 857 रुपिया वाला प्लान

जियो के दूसरा प्लान 857 रुपिया में आवत बा। एह प्लान के वैलिडिटी 84 दिन बा। प्लान में 168 GB डेटा, अनलिमिटेड वॉइस कॉल, 100 एसएमएस के सुविधा मिलत बा।

प्लान में Prime Video Mobile Edition के 84 दिन के सब्सक्रिप्शन आ JioTV, JioCinema आउर JioCloud के सुविधा मिलेला ।

जियो के 1099 आ 1198 रुपिया वाला प्लान

जियो के तीसरा आ चउथा प्लान 1099 आ 1198 रुपिया में आवत बा। दुनो प्लान में 168 GB डेटा के सुविधा मिलत बा। प्लान 84 दिन के वैलिडिटी के संगे आवेला। प्लान अनलिमिटेड वॉइस कॉल, 100 एसएमएस के सुविधा मिलत बा।

1099 रुपिया वाला प्लान में Netflix Mobile के सुविधा मिलत बा। 1198 रुपिया वाला प्लान के संगे Prime Video, MobilDisney+ Hotstar Mobile (3 months) आ JioTV के सुविधा मिलत बा। दुनो प्लान में 84 दिन ले JioCinema Premium subscription मिलत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.