[the_ad_group id="30365"]

रउआ खातिर Cooler ठीक रही कि AC? जानीं एह गरमी दुनू में से का किनला में बा समझदारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जून के महीना अब लगभग आधा खतम होखे के कगार पs बा। गरमी अपना प्रचंड विकराल रूप में बा। जादे गरमी पड़ला से पहिले एकरा से बांचे के इंतजाम कइल बहुते जरूरी बा। कइयन बेर हमनी के ई तय ना कs पावेनी सs की हमनी के कूलर लेवे के चाहीं कि एयर कंडीशनर किने के चाहीं।

एह समस्या के समाधान लेके हमनी के आइल बानी सs। रउआ एह आर्टिकल के मदद से ई जान पाएम कि राउर घर खातिर AC किनल अच्छा रही भा कूलर से काम चल जाई। हमनी के रउआ खातिर कूलर आ एयर कंडीशनर के कंपैरिजन लेके आइल बानी सs।

Cooler आ AC के कीमत में अंतर

एयर कंडीशन आ कूलर के कीमत में जमीन-आसमान के अंतर होला। जहां एयर कूलर 10 हजार रुपिया में ठीक-ठाक आ जाला। ओहिजा एयर कंडीशनर किने खातिर रउआ कम से कम 30 हजार रुपिया खर्च करे के पड़ेला। एकरा अलावे, कूलर एयर कंडीशनर के तुलना में कम बिजली के खपत करेला। कूलर के सबसे बड़ दिक्क्त इहे बा कि उमस वाला मौसम में राहत ना मिलेला।

Cooler आउर AC: एयर क्वालिटी आ कंट्रोल

एक ओरि जहां कूलर में रउआ हमेशा फ्रेश एयर मिलेला। ओहिजा एयर कंडीशनर में रूम के एयर के ठंडा कs के बार-बार थ्रो कइल जाला। अइसन में जदि रउआ दमा भा अइसने कवनो बेमारी से पीड़ित बानी तs रउआ खातिर एयर कूलर बेस्ट ऑप्शन हो सकत बा। दूसरका ओरि रउआ मुंबई भा समुद्र क्षेत्र के शहरन में रहत बानी, तs रउआ खातिर एयर कंडीशनर बेस्ट ऑप्शन बा। काहेकि एयर कंडीशनर में ह्यूमैनिटी ना बनेला।

Cooler आ Air Conditioner में कवन बेस्ट?

ई रउआ के बता पावल मुश्किल बा कि AC आ कूलर में बेस्ट कवन सा। काहेकि दुनूए के अलग-अलग फायदा आ नुकसान बा। जहां एयर कूलर ताजा हवा देला। ओहिजा एयर कंडीशनर रूम के एयर के ठंडा कs के थ्रो करेला। दूसरका और एयर कूलर में मच्छर पनने के डर रहेला, ओहिजा एयर कंडीशनर में बैक्टीरिया मिलेला। एहिसे रउआ अपना जरूरत के मोताबिक एयर कूल आ एयर कंडीशनर में से केहुओ के चुनाव कs सकत बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]