[the_ad_group id="30365"]

Team India Squad For West Indies T20 Series: विंडीज टी 20 सीरीज खातिर टीम इंडिया के ऐलान… हार्दिक होइहें कप्तान, यशस्वी-तिलक के मिलल मवका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वेस्टइंडीज के खिलाफ होखे वाला पांच मैचन के टी20 सीरीज खातिर भारतीय टीम के ऐलान कs दिहल गइल बा। 15 सदस्यीय टीम के कप्तानी हार्दिक पंड्या के हाथन में रही। टीम में तिलक वर्मा आ यशस्वी जायसवाल के सामिल कइल गइल बा।

वेस्टइंडीज के खिलाफ भारत के टेस्ट आ वनडे के अलावे टी20 सीरीजो खेले के बा। एही कड़ी में अजीत अगरकर के अगुवाई वाली चयन समिति बुध (5 जुलाई) के पांच मैचन के टी20 सीरीज खातिर भारतीय टीम के ऐलान कs देलस। 15 सदस्यीय टीम के कप्तानी हार्दिक पंड्या के हाथन में रही। ओहिजा टीम में तिलक वर्मा आ यशस्वी जायसवाल के सामिल कइल गइल बा। नियमित कप्तान रोहित शर्मा, स्टार बल्लेबाज विराट कोहली समेत सीनियर खिलाड़ियन के आराम दिहल गइल बा। टी20 सीरीज के सुरुआत 3 अगस्त से होई।

यशश्वी आ तिलक के आईपीएल 2023 में रहे सानदार प्रदर्शन 

यशस्वी जायसवाल आ तिलक वर्मा खातिर आईपीएल 2023 बहुते सानदार रहल रहे। जायसवाल राजस्थान रॉयल्स खातिर 14 मैचन में 163.61 के स्ट्राइक रेट से 625 रन बनवले, जेमें एगो शतक आ पांच अर्धशतक सामिल रहे। यशस्वी के नामे आईपीएल के इतिहास के सबसे तेज फिफ्टी जड़े के रिकॉर्ड दर्ज हो चुकल बा। बायां हाथ के बल्लेबाज तिलक वर्मा मुंबई इंडियंस खातिर बहुते प्रभावित कइले रहस आ 11 मैचन में 343 रन बनवले रहस।

टी20 सीरीज खातिर भारतीय टीम

ईशान किशन (विकेटकीपर), शुभमन गिल, यशस्वी जयसवाल, तिलक वर्मा, सूर्यकुमार यादव (उप-कप्तान), संजू सैमसन (विकेटकीपर), हार्दिक पंड्या (कप्तान), अक्षर पटेल, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, रवि बिश्नोई, अर्शदीप सिंह, उमरान मलिक, आवेश खान, मुकेश कुमार।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]