[the_ad_group id="30365"]

लइकन के पढ़ावल जाला नैतिकता के पाठ, अपने करत रहलें बिजली चोरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मामला कुशीनगर जिला के ह। जिला भर के लइकन के नैतिकता के पाठ पढ़ावे वाले शिक्षा विभाग के डीआईओएस कार्यालय पर 19 साल से कटिया कनेक्शन लगा के बिजली जरावल जात रहल। बिजली निगम कई बेर कनेक्शन लेवे के नोटिस दिहलस, लेकिन विभागीय अधिकारी लोग गंभीरता नाइ देखावल। आखिर अतवार के बिजली कर्मी लोग कटिया कनेक्शन उतरवा लिहल। एसे सोमवार के दिनभर कार्यालय में कामकाज प्रभावित रहल।

जिला मुख्यालय बनला के बाद डीआईओएस कार्यालय पडरौना नगर के कोतवाली के सोझे संचालित होत रहे। अन्य सरकारी कार्यालयन के तरह डीआईओएस कार्यालय भी बरिस 2002-03 में जिला मुख्यालय रविंद्रनगर स्थानांतरित हो गइल। तब्बे से कार्यालय में बिना कनेक्शन के ही बिजली के प्रयोग करत आवत रहल। बिजली निगम के ओर से कनेक्शन लेवे खातिर कई बेर नोटिस दिहल गइल। लेकिन, डीआईओएस कार्यालय के ओर से कौनो कार्रवाई नाइ भइल। एके गंभीरता से लेत बिजली निगम के ओर से अतवार के बिजली काट देहल गइल। 19 साल के भीतर कौनो डीआईओएस बिजली कनेक्शन के लेके गंभीरता नाइ देखवलें।

डीआईओएस कार्यालय में बिजली कनेक्शन नाइ लेहल गइल रहल। उहवाँ कटिया कनेक्शन लगा के बिजली इस्तेमाल कइल जात रहल। एकरे खातिर कई बेर नोटिस दिहल गइल रहे, लेकिन विभाग के तरफ से कनेक्शन लेहलें खातिर कौनो गंभीरता नाइ दिखल। निगम के उच्चाधिकारियन के निर्देश पर डीआईओएस कार्यालय के तार काट के उहवाँ सूचना दे देहल गइल बा।
नित्यानंद ओझा, जेई, रविंद्रनगर विद्युत उपकेंद्र

कार्यालय के आपन स्थायी भवन नाइ होखले के चलते कनेक्शन नाइ लिहल गइल रहे। अब कार्यालय के लगहीं विभाग के भवन बनsता। कार्यालय के कर्मचारियन के बिजली कनेक्शन खातिर आवेदन करे के निर्देश दिहल गइल बा। एक-दू दिन में बिजली कनेक्शन ले लिहल जाई।
– रविंद्र सिंह, डीआईओएस, कुशीनगर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]