[the_ad_group id="30365"]

क्लास में घुसके शिक्षक के कपार पs मरलस कुल्हाड़ी, वजह जान के हो जाएब हैरान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के धार जिला में एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। इहाँ भीड़भाड़ वाला क्लास में एगो आदमी शिक्षक पs हमला कs देलस। बतावल जाता कि शुक के कक्षा के दौरान उs आदमी कुल्हाड़ी से शिक्षक के माथा पs हमला कs देलस। एs हमला में शिक्षक बहुत घाही हो गईले। कक्षा में मौजूद बाकी छात्र जब चिल्लाए लागले तs आरोपी उहाँ से भाग गईले। एकरा बाद घायल शिक्षक के अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर इलाज होखता। फिलहाल पुलिस आरोपी के भी गिरफ्तार कs लेले बिया।  

हल्ला मचवले पs आरोपी भाग गईल
गढ़वानी थाना प्रभारी अनिल जाधव बतवले कि संजय मोरिया के हमला में अतिथि शिक्षक रमेश पवार (47 साल) के सिर में चोट लागल बा। उs बतवले कि जब बच्चा क्लास में हल्ला मचावे लगले तs आरोपी भाग गईले। जाधव कहले कि, ‘जिला मुख्यालय से 70 किलोमीटर दूर गढ़वानी प्रखंड के चुंडीपुरा गांव में साँझ के करीब 4 बजे इs घटना भईल। बाद में आरोपी के पकड़ लिहल गईल। पवार के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। 

जमीन के विवाद से जुड़ल मामला

शिक्षक रमेश पवार के परिवार के लोग के दावा बा कि इs हमला स्कूल के जमीन से जुड़ल विवाद के नतीजा हs। उs बतवले कि आरोपी के दावा बा कि जवना जमीन पs सरकारी स्कूल बनल बा उs जमीन उनुकर हs। आरोपी शिक्षक अवुरी छात्र के डेरवा के एकरा के बंद कईल चाहता। एही मानसिकता के संगे उs व्यक्ति क्लास में घुस के शिक्षक पs हमला कs देलस। हमला के तुरंत बाद आरोपी फरार हो गईल। फिलहाल घाही शिक्षक के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा, जहां उनुकर इलाज होखता। पुलिस एs समूचा मामला के छानबीन करतिया। एकरा अलावे पुलिस टीम घायल शिक्षक के परिवार के लोग के दावा के भी जांच करतिया।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]