[the_ad_group id="30365"]

मोहर्रम 2023: गोरखपुर जिला में रखल जाई 560 जगहन पs ताजिया, निकली 50 से जादे जुलूस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मोहर्रम के लेके पुलिस आपन तइयारी पूरा कs लेले बिया। अबकी बेर जिला में करीब 560 जगहन पs ताजिया रखल जाई। 50 से जादे मातमी जुलूस निकली। ओहिजा एह सब खातिर करीब 2000 पुलिसवालन के ड्यूटी लगावल गइल बा। ओहिजा संगही हर ताजिया आ जुलूस खातिर एगो बीट सिपाही के नोडल अधिकारी बनावल गइल बा। जुलूस के निगरानी ड्रोन, सीसीटीवी कैमरन आ वीडियोग्राफी से कइल जाई।

नोडल बीट सिपाही ताजिया रखे वालन से संपर्क कs के एगो चेक लिस्ट भरवाई लो जेमे ताजिया कवना तारीख के रखल जाई, के रखी, के-के ओकरा से जुड़ल होई, कब-कब जुलूस निकली आ ताजिया कर्बला तक ले जाये के रुट का होई। ई सब जानकारी नोडल पुलिसकर्मी जुटाई लो। ताजिया रखे से लेके कब्रिस्तान तक ले जाये के पूरा जिम्मेदारी नोडल पुलिसकर्मी के होई। संगही पुलिस पिछला पांच साल के मोहर्रम के लेके भइल विवाद के चिन्हित कs रहल बिया।

मोहर्रम के मेला जुलूस में अलग से फोर्स के बेवस्था होई आ ड्रोन आउर वीडियो रिकॉर्डिंगो निगरानी कइल जाई। हर जुलूस के रास्ता पूरा तरे सीसीटीवी से कवर होई। ई निर्णय मोहर्रम पs सुरक्षा के धेयान ध्यान में रखके लिहल गइल बा। एसएसपी डाॅ. गौरव ग्रोवर बतवलें कि मोहर्रम के धेयान में रखके तइयारी कइल जा रहल बा। जुलूस खातिर नियुक्त नोडल अफसर के लगे जुलूस के पूरा विवरण रही। जुलूस से जुड़ल लोगन के जानकारी ओह लोग के लगे होई। थानन s पीस कमेटी के बैठक कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]