[the_ad_group id="30365"]

BISLERI के बोतल पs अब होई TATA के नाम! 7 हजार करोड़ में बिक जाई बोतलबंद पानी के बिजनेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देसभर में मशहूर बोतलबंद पानी Bisleri अब बिके जा रहल बा। खबर बा कि टाटा कंज्यूमर प्रोडक्ट्स लिमिटेड 6 से 7 हजार करोड़ में बिसलेरी के बिजनेस के अधिग्रहण करे जा रहल बा। इकोनॉमिक्स टाइम्स के रिपोर्ट के अनुसार, बिसलेरी इंटरनेशनल के अध्यक्ष, रमेश जे चौहान एकर योजना बना रहल बा। बतावल जा रहल बा कि एह डील खातिर पिछला 2 साल से बातचीत जारी बा।

बिसलेरी इंटरनेशनल के अध्यक्ष, रमेश जे चौहान CNBC-TV18 के बतवलें, “हमनी के टाटा ग्रुप के साथे चरचा कर रहल बानी सs, अउरियो खिलाड़ी मैदान में बाड़ी सs, बाकिर साझा नइखे कइल जा सकत। हमनी के कुछ हिस्सेदारी रखे के चाहीं।” बिसलेरी भारत के सबसे बड़ पैकेज्ड वाटर कंपनी बा आउर FY23 खातिर टर्नओवर 220 करोड़ के प्रॉफिट के संगे 2,500 करोड़ अनुमानित बा।

टाटा कंज्यूमरो बेचेला बोतलबंद पानी

टाटा समूह अपना उपभोक्ता व्यवसाय के टाटा कंज्यूमर प्रोडक्ट्स लिमिटेड (TCPL) के तहत रखेला, टीपीसीएल ब्रांड हिमालयन के तहत टाटा कॉपर प्लस वॉटर आ टाटा ग्लूको + जइसन ब्रांडन के संगे पैकेज्ड मिनरल वाटर बेचत बा।

मार्केट रिसर्च आ एडवाइजरी TechSci रिसर्च के एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा कि वित्त वर्ष 2021 में भारतीय बोतलबंद पानी के बाजार 2.43 बिलियन डॉलर (लगभग 19,315 करोड़ रुपये) से बेसी के रहे। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि बढ़त डिस्पोजेबल आय, बढ़त स्वास्थ आ स्वच्छता जागरूकता आ उत्पाद नवाचार में बढ़न्त के कारण एकरा 13.25 प्रतिशत सीएजीआर से बढ़े के उम्मीद बा।

साभार: न्यूज 18

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]