[the_ad_group id="30365"]

Tata Son’s करी Air India आ विस्तारा के विलय, Singapore Airlines करी 2,058 करोड़ के निवेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिंगापुर एयरलाइंस (SIA) आ टाटा संस (Tata Son’s) घोषणा कइले बा कि ऊ एयर इंडिया आ विस्तारा (Air India Vistara Merger) के विलय करे खातिर सहमत हो गइल बा लो। लेन-देन के हिस्सा में SIA के 2,058.5 करोड़ रुपिया (250 मिलियन डॉलर) के निवेश पs विलय में 25.1 प्रतिशत हिस्सेदारी मिले वाला बा। ई 25.1 प्रतिशत हिस्सेदारी बढ़े वाला एयर इंडिया समूह में होई।

जानकारी के मोताबिक एह विलय में कइयन गो बड़ कंपनी होइहे सs। एयर इंडिया, विस्तारा, एयरएशिया इंडिया आ एयर इंडिया एक्सप्रेस एकर हिस्सा होई। सब एयरलाइनन के विलय मार्च 2024 तक पूरा करे के लक्ष्य बा। समूह पहिलही से एयर इंडिया एक्सप्रेस आ एयरएशिया इंडिया के एगो इकाई में विलय करे के प्रक्रिया में बा जवन कम लागत वाला उड़ान विकल्प प्रदान करी।  एकरा माध्यम से आम आदमी तक एयरलाइन के पहुंच बनावल जा सकी।

रउआ सभे के बता दीं कि Tata Sons के स्वामित्व वाली विस्तारा एयरलाइन (Vistara) में सिंगापुर एयरलाइन (Singapore Airlines) के लगे 49 फीसदी हिस्सेदारी बा, जबकि 51 फीसदी हिस्सेदारी टाटा ग्रुप के लगे बा। एह सौदा के मार्च 2024 तक पूरा होखे के बा। जानकारी के मोताबिक एह विलय के बाद Air India देश के दूसरका सबसे बड़ एयरलाइन बन जाई।

गौर करे आला बात बा कि टाटा संस अक्टूबर 2021 में 18,000 करोड़ रुपिया के बोली लगाके एयर इंडिया के भारत सरकार से किन लेले रहे। सरकार आपन 100 फीसदी हिस्सेदारी बेचे खातिर 12,906 करोड़ रुपिया के रिजर्व प्राइस रखले रहे। टाटा संस एही साल जनवरी में एयरलाइन के परिचालन औपचारिक रूप से अपना हाथन में ले लेले रहे। एकरा बाद से कंपनी लगातार एयर इंडिया के बुनियादी सुविधन के मजबूत करे से लेके एकरा विस्तार पs काम कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]