बाबा लाट भैरव के दरबार में तंत्र साधक लोग झुकवलें माथा, पौष कालाष्टमी पर कइल जाई साधना

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 17, 2022

भूत संघ के नायक के सुक्क के पंचमकार पूजन भइल। भूत भावन भगवान शंकर के प्रतिरूप बाबा श्री कपाल भैरव के द्वार पs तंत्र साधक लोग माथा झुकवलें। काशी के न्यायाधीश बाबा लाट भैरव के

Share

भूत संघ के नायक के सुक्क के पंचमकार पूजन भइल। भूत भावन भगवान शंकर के प्रतिरूप बाबा श्री कपाल भैरव के द्वार पs तंत्र साधक लोग माथा झुकवलें। काशी के न्यायाधीश बाबा लाट भैरव के सत, रज अउर तम तीनों विधि से पूजन भइल। सुक्क के देर रात ले श्रद्धालू लोग एह तीनो विधि से कइल गइल शृंगार स्वरूप के दर्शन कइल।

पौष कालाष्टमी पर शुक्क के श्री कपाल भैरव मने लाट भैरव प्रबंध समिति के ओर से कज्जाकपुरा स्थित अनादिकालेश्वर बाबा श्री लाट भैरव के तीनों विधि में शृंगार भइल। बाबा के भव्य मुखौटा विग्रह पs विराजमान करा के रजत मुंडमाला, नवीन वस्त्र, काला गंडा सहित गेंदा, गुलाब इत्यादि के फूल-माला से सुसज्जित कs के सजावट कइल गइल। गर्भ गृह में अष्ट भैरव सहित माता काली, प्रथम पूज्य देव गणेश आदि देव प्रतिमा के शृंगार भइल। तांत्रिक पूजा के अवसर पs काशी के न्यायाधीश के दरबार मे तंत्र साधक लोग विशेष पूजन-अर्चन कइल।

बटुक भैरव के महंत राकेश पुरी बाबा के सम्मुख साधना कs विश्व शांति के कामना कइलें। बाबा के मौसमी भोजन, चूड़ा-मटर अउर गाजर के हलवा अर्पित कs के परसादी बाँटल गइल बा। मध्य रात्रि में हजारा दीपक से आरती उतारल गइल। एह दौरान हरिहर पांडेय, बसंत सिंह राठौर, छोटेलाल जायसवाल, मुन्ना लाल यादव, विक्रम, छोटन और शिवम अग्रहरि आदि लोग मौजूद रहनें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.