Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तमिल समागम: तमिलनाडु के 38 जिला के 3000 डेलीगेट्स लीहें भाग, काशी के विकास मॉडल के देखिहें दक्षिण भारत के लोग

1,006
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के संसदीय क्षेत्र वाराणसी में एक महीना तक होखे वाले काशी तमिल संगमम में काशी के विकास मॉडल दक्षिण भारत में चमकी। पुरातन अउर आधुनिकता के तालमेल से तराशल गइल। काशी में तमिलनाडु के अलग-अलग विषय के विशेषज्ञ मंथन करिहें। एमें तमिलनाडु के 38 जिला के करीब 3000 डेलीगेट्स भाग लीहें। 17 नवंबर 2022 से शुरू हो के 18 दिसंबर 2022 तक चले वाले एह तमिल समागम में दक्षिण भारत के डेलीगेट्स वाराणसी में विकास के मॉडल के भी देखिहें। एकरे सथही सब प्रतिनिधि श्रीराम के नगरी अयोध्या अउर संगम नगरी प्रयाग के भी दौरा करिहें।

धर्म, शिक्षा अउर संस्कृतिक के नगरी काशी में तमिल कार्तिक माह में काशी तमिल समागम होखे वाला बा, जहां हर क्षेत्र के विशेषज्ञ सिखले अउर सिखावे खातिर इकट्ठा होइहें। 12 अलग अलग ग्रुप जेमे छात्र, हस्तशिल्पी, साहित्यकार, आध्यात्मिक, व्यवसायी, शिक्षक, हेरिटेज, नव उद्यमी, प्रोफेशनल, मंदिर से संबंधित, ग्रामीण-कृषक, संस्कृति से सम्बंधित लोग शामिल होइहें। 250-250 लोग के 12 ग्रुप एक के बाद एक हर 2-3 दिन में ट्रेन से काशी पहुंची।

मंडलायुक्त कौशल राज शर्मा बतवलें कि 12 ग्रुप में लगभग 3000 लोग तमिलनाडु के 38 जिला से 18 नवंबर के वाराणसी अइहें। एक ग्रुप के यात्रा 8 दिन के होई, जेमे 4 दिन के यात्रा तमिलनाडु से वाराणसी आवे-जाए के होई। ई लोग दू दिन वाराणसी में रहिहें अउर हनुमान घाट पर गंगा स्नान, श्री सुब्रमण्यम स्वामी जी के आवास, काशी विश्वनाथ मंदिर के दर्शन, सारनाथ आर्कियोलॉजिकल साइट एंड म्यूजियम, गंगा आरती अउर 84 घाट के नाव से अवलोकन करिहें अउर साँझ के रविदास घाट पर सांस्कृतिक कार्यक्रम में शामिल होइहें। वाराणसी के बाद ई लोग दू दिन प्रयागराज अउर अयोध्या के यात्रा पर रहिहें। 3 ट्रेन एक दू दिन के अंतराल पर प्रति सप्ताह आई। कार्यक्रम के नोडल मंत्रालय, शिक्षा मंत्रालय ह। आईआईटी चेन्नई अउर काशी हिन्दू विश्वविद्यालय एह कार्यक्रम के नोडल इंस्टिट्यूट ह।
एक महीना के एह तमिल समागम में करीब 500 कलाकार एग्जिबीशन, प्रदर्शन अउर कार्यक्रम करिहें। तमिलनाडु से संबंधित प्रदर्शनी, फ़ूड कोर्ट बीएचयू में एक महीना ले चली अउर पूरे एक महीना सांस्कृतिक कार्यक्रम होई। एह दौरान अलग अलग दिन उत्तर प्रदेश सरकार के मंत्रीगण अउर तमिलनाडु के विशिष्ट अतिथि शामिल होइहें। भ्रमण के दूसरे दिन एह सब ग्रुप के 3 घण्टा के विषय संबंधित कार्यक्रम होई, जेमे से 7 कार्यक्रम बीएचयू में, 2 कार्यक्रम श्री काशी विश्वनाथ मंदिर में अउर 3 कार्यक्रम ट्रेड फैसिलिटेशन सेंटर में होई।
370750cookie-checkतमिल समागम: तमिलनाडु के 38 जिला के 3000 डेलीगेट्स लीहें भाग, काशी के विकास मॉडल के देखिहें दक्षिण भारत के लोग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.