[the_ad_group id="30365"]

14 साल के लइकी से जबरन बियाह, ससुराल जइले से कइलस इनकार तs जबरन कंधा पs उठा ले गइल पति

14 साल के लइकी से जबरन बियाह
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तमिलनाडु के होसुर जिला से एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। इहाँ एगो 14 साल के नाबालिग लईकी के जबरन बियाह कs दिहल गईल बा। जब नाबालिग अपना ससुराल जाए से मना कs दिहलस तs पति ओकरा के अपना कंधा पs उठा के ले गईले। एह घटना के चौंकावे वाला वीडियो भी सामने आइल बा। वीडियो वायरल होखला के बाद पुलिस एs मामला पs कार्रवाई कईलस।

नाबालिग लइकी के जबरन बियाह

तमिलनाडु के होसुर के लगे अंचेट्टी तालुक में स्थित तोट्टामंजू पहाड़ी गाँव के थिम्मत्तूर नाम के एगो छोट गांव के रहे वाली 14 साल के इs नाबालिग लईकी सातवीं कक्षा ले पढ़ाई के बाद घर में रहे शुरू कs देले रहे। एह नाबालिग लइकी के 3 मार्च के कर्नाटक के बेंगलुरु में 29 साल के मजदूर मधेश से जबरन बियाह कs दिहल गईल रहे। एह बियाह में लइकी के महतारी नागम्मा (29) भी साथ दिहली।

पुलिस पति आ महतारी के गिरफ्तार कs लिहलस

ए मामला में थेंकनिकोट्टई के महिला पुलिस दखल देके लईकी के दादी से शिकायत दर्ज करवले। 14 साल के नाबालिग लईकी के जबरन बियाह करे के आरोप में पुलिस उनुका पति मधेश, भाई मल्लेश अवुरी महतारी नागम्मा के गिरफ्तार कs लेले बिया।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]