[the_ad_group id="30365"]

6 गो बाइक सवार घर में घुसके कइले तमिलनाडु BSP अध्यक्ष के हत्या, नाराज समर्थक कुल सड़क कइले जाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बहुजन समाज पार्टी के तमिलनाडु के अध्यक्ष आर्मस्ट्रांग के घर में हत्या कs दिहल गइल. बसपा अध्यक्ष आर्मस्ट्रांग के हत्या शुक के सांझ के करीब 7:30 बजे हो गईल। तमिलनाडु के बसपा अध्यक्ष चेन्नई के पेरांबूर में उनुका आवास पs 6 गो बाइक सवार हत्या कs देले बाड़े।  मौका पs पहुंचल पुलिस आरोपी के तलाश शुरू कs देलस।

डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले

एह मामिला के बारे में अधिका जानकारी देत ​​स्थानीय पुलिस कहलस कि आर्मस्ट्रांग के घर में घुसत घरी ओकरा पs हमला भइल. इs घटना शुक के सांझ के करीब 7:30 बजे भईल। खून से लथपथ आर्मस्ट्रांग के ग्रीम्स रोड के एगो निजी अस्पताल पहुंचावल गईल। अस्पताल पहुंचते डॉक्टर के टीम उनुका के मृत घोषित कs देलस। कोलाथुर पुलिस बसपा अध्यक्ष के हत्या के छानबीन में जुटल बिया।

खिसियाइल समर्थक सड़क जाम कs दिहले

प्रदेश बसपा अध्यक्ष के हत्या के खबर जसही घटना स्थल अवुरी अस्पताल पs समर्थक के भीड़ जुट गईल। तमिलनाडु बसपा अध्यक्ष आर्मस्ट्रांग के हत्या के विरोध में चेन्नई में बहुजन समाज पार्टी के कार्यकर्ता अवुरी समर्थक सड़क जाम कs देले। सभे समर्थक बाइक सवार हमलावर के तुरंत गिरफ्तारी के मांग करतारे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]