[the_ad_group id="30365"]

ताज महोत्सव 2025 भइल सुरू, केतना बा टिकट प्राइस, कहां से करीं बुक? जानीं पूरा डिटेल

ताज महोत्सव 2025
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के आगरा शहर में ताज महोत्सव 2025 शुरू हो गईल बा।  आगरा के ताजमहल के लगे हर साल इs महोत्सव के आयोजन कईल जाला।  एह साल 33वां ताज महोत्सव के आयोजन हो रहल बा जवना में भारत आ विदेश से लोग अइहें.  भारत के समृद्ध धरोहर, कला, शिल्प, संगीत आ व्यंजन एहमें देखे के मिली.  अगर रउरा एहमें भाग लेबे खातिर बेचैन आ तइयार बानी तs ई खबर रउरा खातिर बहुते फायदेमंद साबित होखी.  ताज महोत्सव 2025 में शामिल होखे खातिर टिकट आ टिकट के दाम कइसे बुक कइल जाला जइसन सगरी सवालन के जवाब एह खबर के माध्यम से  जानीं.
सबसे पहिले बता दीं कि ई महोत्सव 18 फरवरी से 2 मार्च 2025 तक चली।  ई महोत्सव शिल्प ग्राम (ताजमहल के पूर्वी फाटक के लगे) में आयोजित कइल जा रहल बा।  बता दीं कि सुरक्षा के चलते एगो अस्थायी पुलिस चौकी भी बनावल गईल बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

टिकट के दाम का बा?

एह महोत्सव में प्रवेश खातिर टिकट के दाम नीचे दिहल अंक के माध्यम से समझ सकेनी। 

वयस्क: 50/- रुपया (प्रति व्यक्ति)
(3 वर्ष तक) – निःशुल्क
विदेशी पर्यटक: निःशुल्क
स्कूल यूनिफॉर्म में 50 स्कूली बच्चों के समूह खातीर, 700/- रुपया (स्कूल ग्रुप के साथे 2 गो शिक्षक खातीर निःशुल्क प्रवेश)

टिकट कहाँ से मिलत बा?

आधिकारिक वेबसाइट पs उपलब्ध जानकारी के मुताबिक सांस्कृतिक कार्यक्रम में प्रवेश खातीर अलग से टिकट नईखे।  टिकट सभ प्रवेश द्वार पs उपलब्ध टिकट खिड़की से खरीदल जा सकेला। सांस्कृतिक कार्यक्रम में प्रवेश खातिर कवनो अलग टिकट के जरूरत नइखे.  एहमें शामिल होखे के इच्छुक लोग आधिकारिक वेबसाइट www.tajmahotsav.org पs जाके भी टिकट खरीद सकेला।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]