[the_ad_group id="30365"]

रामलीला में ताड़का-सुबाहु वध के भइल मंचन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के गहिला में 29वां रामलीला के नवरात्रि के तीसरका दिन आदर्श कल्याण सेवा समिति के कोषाध्यक्ष रामविजय सिंह उर्फ टिंकू फीता काटके रामलीला सुरु करवले। एकर आयोजक राजेन्द्र सिंह आ अध्यक्ष राकेश यादव बा। संचालन रामसमुज आ शैलेश कुमार के कइल लो।

गहिला में चल रहल रामलीला के तीसरका दिन गुरु वशिष्ट राम लक्ष्मण ,भरत, शत्रुघ्न के शिक्षा दिहल लो। ऋषि विश्वामित्र आश्रम के विध्वंस कइल लो। विश्वामित्र यज्ञ के रक्षा खातिर राम लक्ष्मण के आश्रम में उनका संगे जाये खातिर राजा दशरथ से आग्रह करत बाड़ें, जवना के राजा दशरथ अस्वीकार कs देवेले।  गुरु वशिष्ठ के समझवला पs राजा दशरथ राम आ लक्ष्मण के विश्वामित्र के संगे जाये के आज्ञा देत बाड़ें। राम आ लक्ष्मण उहां जाके यज्ञ के रक्षा करत ताड़का आ सुबाहु सहित आउर राक्षसन के वध कs देत बा लो।

मुख्य अतिथि रामविजय सिंह कहलें कि संसार के सब समस्यन के राम आ भरत जइसने त्याग से खत्म कइल जा सकत बा। राम के आदर्शन के अपनावल उनका प्रति सबसे बड़ पूजा हs। उनकर चरित्र हमनी के जिनगी के नया दिशा देखावेला।

एमे अध्यक्ष संतोष यादव, लालाबाबू यादव, मंत्री हंसनाथ यादव, जयपती यादव, संतोष सिंह, विवेक सिंह, अमला प्रसाद, वृजनाथ नाथ शर्मा जी, जनार्धन यादव, छोटेलाल शर्मा, सुरज यादव आदि लोग उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]