तबला वादक उस्ताद जाकिर हुसैन के निधन

Minee Upadhyay
जाकिर हुसैन के निधन
- Sponsored Ads-

मशहूर तबला वादक आ संगीतकार जाकिर हुसैन के निधन के दुखद खबर आ रहल बा। 73 साल के जाकिर हुसैन के इलाज सैन फ्रांसिस्को में होखत रहे। उनकर स्वास्थ्य बिगड़ गइल रहे। उनुका के आईसीयू में भर्ती करावल गईल। पिछला हफ्ता भी उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहे। जाकिर हुसैन के दिल के बेमारी रहे।

एएनआई सूचना अवुरी प्रसारण मंत्रालय के हवाला से खबर देले रहे कि जाकिर हुसैन अब नईखन, हालांकि बाद में कहलस कि परिवार अवुरी अस्पताल के ओर से आधिकारिक बयान के इंतजार बा।

- Sponsored Ads-

तीन गो ग्रेमी अवार्ड जीत चुकल जाकिर हुसैन भी अभिनेता रहले। ऊ 12 गो फिलिमन में काम कइलन. उस्ताद जाकिर हुसैन 1983 में बनल ब्रिटिश फिल्म ‘हीट एंड डस्ट’ में शशि कपुर के साथे काम कइले रहले. ई उनकर अभिनय के पहिला फिलिम रहे. एकरा अलावे उनुका के 1998 के फिल्म ‘साज’ में देखल गईल। एहमें शबाना आजमी उनकर प्रेमिका के किरदार निभवले बाड़ी.

जाकिर हुसैन के बाबूजी भी तबला वादक रहले

9 मार्च 1951 के जनमल जाकिर हुसैन के अपना करियर में ना खाली तीन गो ग्रेमी अवार्ड मिलल, बलुक पद्मश्री, पद्म भूषण आ पद्म विभूषण से सम्मानित कइल गइल. उनकर पिता उस्ताद अल्लाह रक्खा कुरैशी भी तबला वादक रहले। जाकिर हुसैन आपन पढ़ाई पूरा कइला के बाद संगीत के दुनिया में प्रवेश कइलन. उनकर झुकाव बचपन से तबला बजावे के ओर रहे।
जाकिर हुसैन 11 साल के उमिर में अमेरिका में आपन पहिला संगीत कार्यक्रम पेश कs के सभका के हैरान कs दिहले. उ 12 साल के उमर से अपना पिता के संगे संगीत कार्यक्रम में जाए लगले। जाकिर हुसैन अमेरिका में भी मशहूर रहले। साल 2016 में इनके अमेरिकी राष्ट्रपति रहल बराक ओबामा द्वारा ऑल स्टार ग्लोबल कॉन्सर्ट में भाग लेवे खातिर बोलावल गइल। जाकिर हुसैन एहमें भाग लेबे वाला पहिला भारतीय संगीतकार रहलें.

जाकिर हुसैन के पत्नी अवुरी दु गो बेटी
निजी जीवन के बात करीं तs उस्ताद जाकिर हुसैन के बियाह Antonia Minnecola से भइल रहे जे कथक डांसर आ टीचर के साथे-साथे उनकर मैनेजर भी बाड़ी। उनकर दू गो बेटी बाड़ी।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।