[the_ad_group id="30365"]

IND vs IRE T20 World Cup: भारत के पहिला मैच, कब, कहां आ कइसे देखीं? जानीं इहां

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय क्रिकेट टीम बुध के टी-20 वर्ल्ड कप में अपना अभियान के सुरुआत करी। टीम इंडिया आपन पहिला मैच आयरलैंड के खिलाफ खेली। हर टीम चाहेले कि ओकरा टूर्नामेंट में विजयी सुरुआत मिले। टीम इंडिया के कोसिस इहे होई। एह मैच में सभे के निगाह एह बात पs होई कि का विराट कोहली, रोहित शर्मा के संगे ओपनिंग करे आवेले भा ना। वार्मअप मैच में ऊ खेलले ना रहस आ अइसन में देखे  के होई कि टीम मैनेजमेंट उनका के लेके का फैसला करत बा।

टीम इंडिया जीत के प्रबल दावेदार बिया बाकिर ऊ टीम आयरलैंड के हल्का में नइखे ले सकत। आयरलैंड कइयन गो उलटफेर कइले बा आ एक टीम में उलटफेर करे के दमो बा। अइसहूं टी-20 फॉर्मेट में मैच कबो केहू के तरफ जा सकत बा। अइसन में टीम इंडिया खातिर बेहतर होई कि ऊ आयरलैंड के हल्का में ना लेवे। रोहित आ टीम के कोच राहुल द्रविड़ एह बात से वाकिफ होई लो। ई मैच अमेरिका में होई आ भारत में एकरा के कब, कहां, कइसे देखल जा सकत बा, हमनी के बता रहल बानी सs।

कब होई टी20 वर्ल्ड कप में भारत आ आयरलैंड के मैच?

भारत आ आयरलैंड के बीच टी20 वर्ल्ड कप के मैच बुध माने पांच जून के खेलल जाई।

कहां होई टी20 वर्ल्ड कप में भारत आ आयरलैंड के मैच?

भारत आ आयरलैंड के बीच मैच अमेरिका के न्यू यॉर्क के नसाऊ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में होई।

टीवी पs कहां देख सकत बानी टी20 वर्ल्ड कप में भारत आ आयरलैंड के मैच?

भारत आ आयरलैंड के बीच मैच टीवी पs स्टार स्पोर्ट्स के चैनलन पs देखल जा सकत बा।

कहां देख सकत बानी भारत आ आयरलैंड के टी20 वर्ल्ड कप मैच के लाइव स्ट्रीमिंग?

भारत आ आयरलैंड के मैच के लाइव स्ट्रीमिंग डिजनी हॉटस्टार एप पर देखल जा सकत बा।

केतना बजे सुरू होई भारत आ आयरलैंड के बीच मैच?

भारत के समय अनुसार ई मैच रात आठ बजे खेलल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]