Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

T-Series: टी-सीरीज अज्ञात लोगन के खिलाफ दर्ज करवले शिकायत, भूषण कुमार के बदनाम करे के साजिश

टी-सीरीज कुछ अज्ञात लोगन के खिलाफ जालसाजी आ धोखाधड़ी के ममिला में एफआईआर दर्ज करवले बा। एह ममिला में पुलिस जांच कs रहल बा।

446

टी-सीरीज कुछ अज्ञात लोगन के खिलाफ जालसाजी आ धोखाधड़ी के शिकायत दर्ज कइले बा। उनकर कहनाम बा कि ई लोग टी-सीरीज के प्रबंध निदेशक भूषण कुमार के बदनाम करे के कोसिस कर रहल बानी। एह ममिला में टी-सीरीज आरोपियन के खिलाफ एफआईआर दर्ज करवले बा।

आरोपियों के खिलाफ ममिला दर्ज

टी-सीरीज के कहनाम बा कि विदेशी फोन नंबर + 32 46025821 आ आउर नंबरन के उपयोग कs के अभियुक्त भूषण कुमार बनके कइयन लोगन के लगे पहुंचल आ गलत आ झूठ बात बतवलस। हालांकि जे लोग भूषण कुमार के व्यक्तिगरत रूप से जानत रहे, ऊ तुरंत ओह धोखेबाजन के उहां से भगा देलस आ एकरा बारे में भूषण कुमार के सूचित कइलस। टी-सीरीज के जइसही एह बात के सूचना मिलल ऊ तुरंत आरोपियन के खिलाफ एफआईआर दर्ज करवलस। अब एह ममिला में पुलिस जांच कर रहल बिया।

टी-सीरीज कहलस ई बात

टी-सीरीज के कहनाम बा कि ई सब भूषण कुमार से बदला लेवे आ उनका के बदनाम करे खातिर कइल जा रहल बा। एह तरीका के काम करे वालन से उचित तरीका से निपटल जाई। टी-सीरीज साफ कs देले बा कि एह घटना में भूषण कुमार के कवनो भूमिका नइखे। ऊ कहलस कि जदि रउओ एह तरीका से संपर्क में आइल तs ओकरा संगे कवनो तरे के बातचीत भा फेर रुपियन के लेन-देन में सामिल ना होखे।

387450cookie-checkT-Series: टी-सीरीज अज्ञात लोगन के खिलाफ दर्ज करवले शिकायत, भूषण कुमार के बदनाम करे के साजिश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.