Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

T-20 फाइनल: पंजाब के कॉलेज में जम्मू-कश्मीर अउर बिहार के छात्र आपस में भिड़लें, पाक के पक्ष में नारेबाजी पs चलल ईंटा-पत्थर

309
पंजाब के मोगा जिले में फिरोजपुर रोड पर गांव घल्ल कलां स्थित लाला लाजपत राय पॉलिटेक्निक एंड फार्मेसी कॉलेज कैंपस में अतवार के इंग्लैंड अउर पाकिस्तान के बीच टी-20 विश्वकप के फाइनल मैच के दौरान जम्मू-कश्मीर अउर बिहार के छात्र आपस में भिड़ गइल। दूनों पक्ष के बीच ईंट- पत्थर अउर लात घूंसे चलल। एहमें वार्डन के अलावा दूनों पक्ष के कई छात्र घाही बानें। उनके मोगा के सिविल अस्पताल में दाखिल करवावल गइल।
कॉलेज में अतवार के टी-20 क्रिकेट विश्वकप के फाइनल छात्र देखत रहने। मैच में इग्लैंड के जीत होखले पर जम्मू अउर कश्मीर अउर बिहार के विद्यार्थी लोग के बीच तनातनी शुरू हो गइल। कश्मीरी विद्यार्थियन के आरोप बा कि उनके खिलाफ अपशब्द बोलल गइल, जबकि बिहार के विद्यार्थियन के कहनाम बा कि जम्मू-कश्मीर के छात्र लोग पाकिस्तान जिंदाबाद के नारा लगवलें।
विरोध कइले पर ऊ मारपीट करे लगने। दूनों तरफ से लात-घूंसे चलल अउर ईंट-पत्थर बरसावल गइल। हालांकि वार्डन बीच बचाव करे के प्रयास कइलें त उनके भी मामूली चोट आइल। घटना के जानकारी मिलले के बाद पुलिस अउर कॉलेज प्रबंधक मौके पर पहुंचलें अउर घायल विद्यार्थियन के मोगा के सिविल अस्पताल में भर्ती करवावल।
एह मामिला में मोगा पुलिस के एएसआई जसविंदर सिंह बतवलें कि पुलिस मौका पर ही पहुंच गइल बा।। पुलिस के सोझे कौनो हंगामा चाहे मारपीट नाइ भइल अउर न ही कौनो एक दूसरा के खिलाफ कौनो तरह के अपशब्द या देश विरोधी नारा लगवलें। पुलिस दूनों पक्ष को थाना में बुला के आपसी समझौता करवा दिहलस। 

मामूली बात के ले के छात्र के बीच विवाद भइल रहे। विद्यार्थियन के मामूली चोट लागल रहे। अब माहौल पूरा तरह से शांत करवा दिहल गइल बा।  डॉ.रमेश बांसल, कॉलेज प्रबंधक

378950cookie-checkT-20 फाइनल: पंजाब के कॉलेज में जम्मू-कश्मीर अउर बिहार के छात्र आपस में भिड़लें, पाक के पक्ष में नारेबाजी पs चलल ईंटा-पत्थर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.