15 दिन में 15 देशन में पहुँच गइल मंकीपॉक्स बेमारी

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2022

कोरोना महामारी से जूझत दुनिया में अब बंदर के चेचक के खतरा बढ़ल जात बा. ई बेमारी महज 15 दिन के भीतर 15 देशन में फइल गइल बा। बियफे का दिने बेल्जियम पहिला देश बन

Share

कोरोना महामारी से जूझत दुनिया में अब बंदर के चेचक के खतरा बढ़ल जात बा. ई बेमारी महज 15 दिन के भीतर 15 देशन में फइल गइल बा। बियफे का दिने बेल्जियम पहिला देश बन गइल जवन बानरपॉक्स के मरीजन खातिर 21 दिन के क्वारंटाइन अवधि अनिवार्य कर दिहलसि. एकरा संगे-संगे विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) चेतवले बा कि कवनो देश में ए बेमारी के एक मामला के भी प्रकोप मानल जाई।

दोसरा तरफ बानरचेचक के तेजी से फइलत देख के भारत भी सतर्क हो गइल बा। सोमार का दिने मुंबई के बृहनमुम्बई नगर निगम कस्तूरबा अस्पताल में बंदर के संदिग्ध मरीजन खातिर 28 बेड वाला आइसोलेशन वार्ड तइयार कइले बा. हालांकि देश में अभी तक ए बेमारी के एको केस नईखे मिलल।

ब्रिटेन, अमेरिका, इटली, स्वीडन, फ्रांस, स्पेन, पुर्तगाल, जर्मनी, ऑस्ट्रेलिया, कनाडा, बेल्जियम, नीदरलैंड, इजरायल, आस्ट्रिया आ स्विट्जरलैंड में बंदर के चेचक के मामिला सामने आइल बा. महज 2 हप्ता में संक्रमित के संख्या 100 पार हो गइल बा। हालांकि ए बेमारी से अभी तक एको मौत के खबर नईखे मिलल।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.