[the_ad_group id="30365"]

स्वाति मालीवाल से मारपीट मामला: CM केजरीवाल के माई – बाबू से आज पूछताछ ना करी दिल्ली पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आम आदमी पार्टी (आप) के राज्यसभा सांसद स्वाति मालीवाल के साथे सीएम आवास में मारपीट आ छेड़छाड़ के मामला में दिल्ली पुलिस मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के पत्नी सुनीता केजरीवाल आ उनका माई – बाबू  के बयान आज दर्ज ना करीं। अरविंद केजरीवाल आप सांसद स्वाति मालीवाल से बदसलूकी मामला में माई – बाबू से दिल्ली पुलिस के पूछताछ के लेके चिंता जतवले हऽ।

आम आदमी पार्टी (आप) से राज्यसभा सांसद स्वाति मालीवाल के साथे सीएम आवास में मारपीट आ छेड़छाड़ के मामला में दिल्ली पुलिस जांच में जुटल बिया। आम आदमी पार्टी (आप) से राज्यसभा सांसद स्वाति मालीवाल के साथे सीएम आवास में मारपीट आ छेड़छाड़ के मामला में दिल्ली पुलिस जांच में जुटल बिया।

एकरा से पहिले आज पूछताछ होखे के सूचना होखे के लेके आम आदमी पार्टी के नेता सीएम केजरीवाल के घर पहुंचे लगले। बता दी कि स्वाति मालीवाल अरविंद केजरीवाल के पीए विभव कुमार पs मारपीट आ छेड़छाड़ के आरोप लगवले बाड़ी। पुलिस के उम्मीद बा कि सीएम केजरीवाल के पत्नी सुनीता आ उनकर माई – बाबूजी से पूछताछ में सच्चाई सामने आई।

ई केजरीवाल के खिलाफ भाजपा के साजिश- आप

आम आदमी पार्टी एह मामला के अरविंद केजरीवाल के खिलाफ भाजपा के साजिश बतवलस। दिल्ली के मंत्री आ आप नेता आतिशी दिल्ली पुलिस के कार्रवाई पs सवाल उठवले। उऽ सीएम केजरीवाल के बुढ़ माई – बाबू के असुरक्षा पs जोर देली आ कथित हमला में उनकर संलिप्तता के धारणा पs सवाल उठवली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]