[the_ad_group id="30365"]

Surya Grahan 2023: साल के आखिरी रिंग ऑफ फायर सूर्य ग्रहण आजु, जानी कब से होइ शुरू आ कहां-कहां लउकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सूर्य ग्रहण 2023 सूर्यग्रहण तिथि, सूतक काल समय, उपाय भोजपुरी में: आज साल के अंतिम सूर्यग्रहण ह। ई सूर्यग्रहण भारतीय समय के अनुसार रात के 8:34 बजे से सबेरे 2:25 बजे ले चली। ई सूर्यग्रहण वलयाकार होखी। जवना में सूर्य के अंगूठी के आकार में देखल जाई।जवना के कारण एकरा के रिंग ऑफ फायर कहल जाला। हिन्दू कैलेंडर के अनुसार ई सूर्यग्रहण आश्विन महीना के सर्वपितृ अमावस्या तिथि के होई।

सूर्य ग्रहण 2023 आ सूतक काल समय : सूर्यग्रहण आ सूतक काल के महत्व

 साल के अंतिम सूर्यग्रहण जवन आजु होई उ वलयाकार सूर्यग्रहण होई, लेकिन इ सूर्यग्रहण भारत में ना देखाई दिही, जवना के चलते ए ग्रहण के सूतक काल भारत में मान्य ना होई। सूतक अवधि वैध ना होखला के चलते हर प्रकार के काम पहिले निहन जारी रही।बता दीं कि सूतक अवधि सूर्यग्रहण से 12 घंटा पहिले शुरू होला।

आजु एह जगहन पs सूर्यग्रहण लउकी

आजु होखे वाला साल के आखिरी सूर्यग्रहण भारत में ना लउकी। ई ग्रहण उत्तरी अमेरिका, कनाडा, मैक्सिको, अर्जेटीना, कोलंबिया, क्यूबा, ब्राजील, पेरु आ उरुग्वे जइसन देशन में लउकी।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]