सूरत में BJP से मिलल रहलें कांग्रेस प्रत्याशी: रिस्तेदारन के प्रस्तावक बनवलें, जवना से पर्चा खारिज होखे; 5-स्टार होटल में 24 घंटा चलल ऑपरेशन निर्विरोध

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 23, 2024

गुजरात के सूरत लोकसभा सीट से भाजपा के​ निर्विरोध जीत खातिर कांग्रेस प्रत्याशी नीलेश कुंभाणी भाजपा से हाथ मिला लेले रहस। भाजपा के ओर से कुंभाणी के ऑपरेशन निर्विरोध खातिर स्क्रिप्ट मिलल। एकरा मोताबिक नीलेश

Share

गुजरात के सूरत लोकसभा सीट से भाजपा के​ निर्विरोध जीत खातिर कांग्रेस प्रत्याशी नीलेश कुंभाणी भाजपा से हाथ मिला लेले रहस। भाजपा के ओर से कुंभाणी के ऑपरेशन निर्विरोध खातिर स्क्रिप्ट मिलल। एकरा मोताबिक नीलेश कुंभाणी कांग्रेस के प्रदेश इकाई के अन्हार में रखत पैतरा चललें।

कुंभाणी अपना नामांकन पत्र के प्रस्तावकन में कांग्रेस कार्यकर्ता-कैडर मेंबर के बजाय रिस्तेदार आ करीबियन के रखलें। कुंभाणी अपना परचा में बहनोई जगदीया सावलिया, बिजनेस पार्टनर ध्रुविन धामेलिया आ रमेश पोलरा के प्रस्तावक बनवलें।

नीलेश कुंभाणी कांग्रेस पार्टी के डमी प्रत्याशी सुरेश के प्रस्तावक अपना भांजा भौतिक कोलडीया के बनववलें। पर्चा दाखिल करत घरी कुंभाणी कवनो प्रस्तावक के चुनाव अधिकारी के सामने ना ले गइलें।

फाइव स्टार होटल ली-मैरेडियन में चला ऑपरेशन निर्विरोध

चारों प्रस्तावक हस्ताक्षर फर्जी होखे के शपथपत्र दे दिहल लो आ खुद अंडर ग्राउंड हो गइल लो। सभे के कारण बताओ नोटिस जारी करे के प्रक्रिया अपनावल गइल। बाकिर, केहूओ सामने ना आइल। एकरा बाद कुंभाणी आ डमी प्रत्याशी सुरेश पडसाला के पर्चा खारिज हो गइल।

सूरत में भाजपा के एह ऑपरेशन निर्विरोध के एपिसेंटर बनल सूरत के फाइव स्टार होटल ली-मैरेडियन। इहां से 24 घंटा तक ऑपरेशन निर्विरोध के कार्रवाई के संचालन भइल । ई कवायद भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष सीआर पाटिल के सीधा निगरानी में भइल।

सपा प्रत्याशी के क्राइम ब्रांच होटल पहुंचवलस

बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के टिकट पs प्यारेलाल भारती सहित छोट दलन के चार प्रत्याशी सूरत से मैदान में रहे लो। ऊ सूरत से वडोदरा पहुंच के एगो  फॉर्म हाउस में जा बइठलें। प्यारेलाल के खोजबीन सुरू भइल। बसपा प्रत्याशी से संपर्क ना होखला पs क्राइम ब्रांच जुटल। लोकेशन के आधार पs कार्रवाई भइल।

सोमार के ऊ सूरत लवटला के संगही फाइव स्टार होटल ली-मैरेडियन पहुंचलें। भाजपा साम-दाम दंड भेद के नीति अपनावल जाई। एही तर्ज पs सरदार वल्लभभाई पटेल पार्टी, ग्लोबल रिपब्लिकन पार्टी आ लोग पार्टी सहित सब चार दलन के प्रत्याशी अंतिम दिन सोमार के नामांकन पत्र वापस लेके भाजपा के रास्ता साफ कs दिहल लो ।

निर्दलियन के आमने-सामने बइठावल गइल आ हो गइल लो राजी

एकरा पहिले चार निर्दलीय प्रत्याशियन के राजी कइल गइल। फोन कs के एह लोगन के होटल बोलावल गइल। जहां निर्दलीय प्रत्याशी चुनाव मैदान छोड़े के को राजी हो गइलें। ऑपरेशन निर्विरोध खातिर एह लोगन के चुनाव मैदान से हटल जरूरी रहे।

एहिसे संबंधित प्रत्याशियन के समाज के लोगन से संपर्क साधल गइल। भाजपा नेता लोगन के राजी करे के जिम्मा सउपल गइल। सब निर्दलीय भाजपा प्रत्याशी के समर्थन में नाम वापस लिहल गइल।

दैनिक भास्कर 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.