Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

NCP में सुप्रिया सुले के मिलल बड़ी जिम्मेदारी, पावर गेम से अजित पवार एक झटका में बाहर

Maharashtra News: महाराष्ट्र (Maharashtra) के राजनीति से बड़ खबर सामने आइल बा। शरद पवार के पार्टी एनसीपी (NCP) में उनकर बेटी सुप्रिया सुले (Supirya Sule) के कद बढ़ा दिहल गइल बा। एह से अजित पवार (Ajit Pawar) के बड़ झटका लागल बा।

1,170

Supriya Sule NCP: शरद पवार (Sharad Pawar) के पार्टी एनसीपी (NCP) में सांगठनिक तौर पs आज बड़ बदलाव कइल गइल बा। सुप्रिया सुले (Supriya Sule) के पार्टी के बड़ जिम्मेदारी दिहल गइल बा। सुप्रिया सुले के एनसीपी के कार्यकारी अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा। एकरा अलावे प्रफुल्ल पटेलो (Praful Patel) के कद पार्टी में बढ़ावल गइल बा। प्रफुल्ल पटेल के कार्यकारी अध्यक्ष के पद के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। एनसीपी आज दु गो कार्यकारी अध्यक्ष बनवले बा। एनसीपी में संगठन के लेवल पs भइल एह बड़ बदलावन से कयास लगावल जा रहल बा कि शरद पवार के भतीजा अजित पवार पावर गेम से अब बाहर हो गइल बाड़ें। शरद पवार  के उत्तराधिकारी बने के दिशा में अजित पवार पीछे रह गइल बाड़ें, सुप्रिया सुले एमे उनका से आगे निकल गइल बाड़ी।

सुप्रिया सुले के मिलल 3 राज्यन के जिम्मेदारी

बता दीं कि सुप्रिया सुले आ प्रफुल्ल पटेल के पार्टी के बड़ जिम्मेदारी मिलला पs अभी तक अजित पवार के कवनो रिएक्शन सामने नइखे आइल। एनसीपी सुप्रिया सुले के तीन राज्यन के जिम्मेदारी देले बा। एमे महाराष्ट्र, हरियाणा आ पंजाब के नाम सामिल बा। शरद पवार के बाद एनसीपी के टेकओवर करे के अजित पवार के सपना टूटत दिखाई दे रहल बा।

आज एनसीपी बनल हो गइल 24 साल

जान लीं कि आज एनसीपी के स्थापना भइल 24 साल पूरा हो गइल बा। एह मवका पs अजित पवार ट्वीट कइलें कि हम महाराष्ट्र के मय जनता के संगे-संगे जनप्रतिनिधियन, पदाधिकारियन आ कार्यकर्ता लोगन के राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के ‘सिल्वर जुबली’ आ 24वीं वर्षगांठ के हार्दिक सुभकामना देत बानी।

अजित कइलें शरद पवार के तारीफ

ओहिजा, पार्टी चीफ शरद पवार के तारीफ करत अजित पवार लिखलें कि शरद पवार जे हमनी सभे के लीडर आ प्रेरणा हवे, के मार्गदर्शन आ नेतृत्व में पार्टी के सफल प्रगति जारी बा। हम ओह सब केहू के बधाई देत बानी जे पार्टी के विकास में बहुत बड़ जोगदान देले बा, जे पार्टी के मजबूत करे खातिर दिन-रात काम कर रहल बा, आउर हम ओह लोगन के तहे दिल से धन्यवाद देत बानी।

561640cookie-checkNCP में सुप्रिया सुले के मिलल बड़ी जिम्मेदारी, पावर गेम से अजित पवार एक झटका में बाहर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.