[the_ad_group id="30365"]

NEET गड़बड़ी के लेके सुप्रीम कोर्ट जारी कइलस NTA के नोटिस, 8 जुलाई ले मंगले बा जवाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सुप्रीम कोर्ट नीट गड़बड़ी के सुनवाई के दौरान राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी के नोटिस जारी कईले बिया। संगही फिलहाल नीट यूजी के काउंसलिंग पs रोक लगावे से इनकार कs देले बिया। एकरा संगे सुप्रीम कोर्ट एs याचिका के एगो अवुरी याचिका के संगे जोड़ देले बिया। सुप्रीम कोर्ट कहलस कि परीक्षा के पवित्रता प्रभावित भईल बा,एहीसे हमनी के एनटीए के नोटिस जारी कs के ओकर जवाब मांगे के होई। कोर्ट एs मामला में कहलस कि अगिला सुनवाई 8 जुलाई के होई।

सुप्रीम कोर्ट कथित पेपर लीक के चलते नीट-यूजी 2024 के परीक्षा रद्द अवुरी फेर से करावे के याचिका के सुनवाई कईलस। ए मामला के सुनवाई जस्टिस विक्रम नाथ अवुरी जस्टिस अहसानुद्दीन अमानुल्लाह के पीठ कईले।

अधिवक्ता जे साईं दीपक नीट के नतीजा के चुनौती देत ​​एगो नाया याचिका के जिक्र कईले। जवना पs जस्टिस विक्रम नाथ रजिस्ट्री के सोझा एकर जिक्र करे के कहले अवुरी कहले कि एकरा के मुख्य न्यायाधीश के माध्यम से भेजल जाई। वकील कहले कि जल्दिए काउंसलिंग शुरू हो सकता अवुरी एकरा से जुड़ल एगो याचिका आज सूचीबद्ध बा। एकरा पs जस्टिस दोहरवले कि मामिला के रजिस्ट्री के सोझा पेश कईल जाए.

जस्टिस नाथ सुनवाई के दौरान पूछले कि का छुट्टी के दौरान कवनो वरिष्ठ वकील ना रहले? एह पs याचिकाकर्ता के ओर से अधिवक्ता नेदुम्परा कहले कि हम वरिष्ठ वकील मानल जाए से इनकार करतानी। एकरा बाद जस्टिस असमानुल्लाह कहले कि परीक्षा के पवित्रता पs असर पड़ल बा, एहसे हमनी के प्रतिवादी से जवाब के जरूरत बा। एकरा पs जस्टिस नाथ कहले कि नोटिस जारी होखे के चाही, एने जवाब एनटीए के ओर से दाखिल होई, चलीं अब से काउंसलिंग शुरू कईल जाए, हमनी के काउंसलिंग नईखे रोकत। एकरा बाद कोर्ट 8 जुलाई के तारीख दे दिहलस।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]