[the_ad_group id="30365"]

सुप्रीम कोर्ट AAP सरकार के पूर्व मंत्री सत्येन्द्र जैन के अंतरिम जमानत 6 नवंबर ले बढ़वलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सुप्रीम कोर्ट आम आदमी पार्टी आ दिल्ली सरकार के मंत्री रहल सत्येन्द्र जैन के अंतरिम जमानत 6 नवंबर ले बढ़ा दिहलस। सुप्रीम कोर्ट मेडिकल आधार पs जैन के अंतरिम जमानत बढ़ा दिहले बा। फिलहाल सत्येन्द्र जैन अंतरिम जमानत पs बाड़े। अब सत्येन्द्र जैन के नियमित जमानत पs सुनवाई 6 नवंबर के सुप्रीम कोर्ट में होई।

बता दीं कि सुप्रीम कोर्ट दिल्ली के पूर्व स्वास्थ्य मंत्री सत्येन्द्र जैन के 26 मई के अस्वस्थता के आधार पs 6 सप्ताह के अंतरिम जमानत दे देले रहे। जेकरा बाद सत्येन्द्र जैन के लोअर स्पाइन ऑपरेशन अपोलो अस्पताल में करावल गईल। ओकरा बाद से उ लगातार जमानत पs बाड़े।

24 अगस्त 2017 के सीबीआई सत्येंद्र जैन, पूनम जैन, अजीत प्रसाद जैन, सुनील कुमार जैन, वैभव जैन अवुरी अंकुश जैन के खिलाफ भ्रष्टाचार निवारण अधिनियम 1988 के अलग-अलग धारा के तहत प्राथमिकी दर्ज कईले रहे।ए प्राथमिकी के आधार पs प्रवर्तन निदेशालय सत्येंद्र के खिलाफ मनी लांड्रिंग के जांच शुरू कs देले रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]