[the_ad_group id="30365"]

सनी देओल के ‘गदर: एक प्रेम कथा’ के आजु एक बेर फेरु दिखावल जाई , एगो टिकट के साथे एगो अउरी टिकट मुफ्त 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

फिल्म ‘गदर: एक प्रेम कथा’ के दर्शकन के खूब पसंद आइल रहे। अब लगभग 2 दशक बाद फिल्म के सीक्वल आवे वाला बा, ‘गदर 2’ 15 अगस्त के सिनेमाघर में रिलीज होई। एहसे पहिले कि ई ‘गदर’ एक बेर फेरु रिलीज हो रहल बा। 9 जून आजु के ई फिलिम फेरू सिनेमाघरन में देखावल जाई। एह फिलिम के एक टिकट खरीदला पs दूसरका टिकट फ्री लेबे के ऑफर भी राखल गइल बा।

4 शहर में होखे वाला ‘गदर’ के प्रीमियर

निर्माता लोग के योजना बा कि फिलिम के प्रीमियर के आयोजन 4 गो बड़ शहरन में कइल जाई। ‘गदर’ के टीम एह फिलिम के प्रीमियर मुंबई, लखनऊ, इंदौर आ जयपुर में करी।2001 में रिलीज भइल ‘गदर: एक प्रेम कथा’ के निर्देशन अनिल शर्मा कइले बाड़न। एहमें सनी देओल, अमीशा पटेल आ अमरीश पुरी मुख्य भूमिका में रहले।फिलिम ZEE5 पे मौजूद बा। सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाली एह फिलिम में अउरी सीन देखावल जाई जवन पहिला फिलिम में ना रहे।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]