Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सनी देओल के ‘गदर: एक प्रेम कथा’ के आजु एक बेर फेरु दिखावल जाई , एगो टिकट के साथे एगो अउरी टिकट मुफ्त 

1,027

 

फिल्म ‘गदर: एक प्रेम कथा’ के दर्शकन के खूब पसंद आइल रहे। अब लगभग 2 दशक बाद फिल्म के सीक्वल आवे वाला बा, ‘गदर 2’ 15 अगस्त के सिनेमाघर में रिलीज होई। एहसे पहिले कि ई ‘गदर’ एक बेर फेरु रिलीज हो रहल बा। 9 जून आजु के ई फिलिम फेरू सिनेमाघरन में देखावल जाई। एह फिलिम के एक टिकट खरीदला पs दूसरका टिकट फ्री लेबे के ऑफर भी राखल गइल बा।

4 शहर में होखे वाला ‘गदर’ के प्रीमियर

निर्माता लोग के योजना बा कि फिलिम के प्रीमियर के आयोजन 4 गो बड़ शहरन में कइल जाई। ‘गदर’ के टीम एह फिलिम के प्रीमियर मुंबई, लखनऊ, इंदौर आ जयपुर में करी।2001 में रिलीज भइल ‘गदर: एक प्रेम कथा’ के निर्देशन अनिल शर्मा कइले बाड़न। एहमें सनी देओल, अमीशा पटेल आ अमरीश पुरी मुख्य भूमिका में रहले।फिलिम ZEE5 पे मौजूद बा। सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाली एह फिलिम में अउरी सीन देखावल जाई जवन पहिला फिलिम में ना रहे।

 

 

 

 

 

 

 

559470cookie-checkसनी देओल के ‘गदर: एक प्रेम कथा’ के आजु एक बेर फेरु दिखावल जाई , एगो टिकट के साथे एगो अउरी टिकट मुफ्त 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.