[the_ad_group id="30365"]

काशी विश्वनाथ मंदिर के सीईओ सुनील वर्मा हटावल गइले, बाबा के चढ़ावल बेलपत्र बेचल पड़ल भारी?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

श्रीकाशी विश्वनाथ मंदिर आ विशेष क्षेत्र विकास परिषद के मुख्य कार्यकारी अधिकारी (सीईओ) डॉ. सुनील कुमार वर्मा के हटा दिहल गइल बा। उनुका के खुद वाराणसी में अपर आयुक्त प्रशासन के पद पs भेजल गईल बा। सुनील वर्मा के जगहा अपर आयुक्त प्रशासन विश्व भूषण मिश्रा के काशी विश्वनाथ मंदिर के सीईओ के जिम्मेवारी दिहल गइल बा। सुनील वर्मा के अचानक हटावे के कवनो कारण के खुलासा नईखे भईल, लेकिन बाबा के ओर से चढ़ावल बेलपत्र बेचे के मामिला के एकरा से जोड़ल जाता।

कुछ दिन पहिले काशी विश्वनाथ मंदिर के भीतर बाबा के चढ़ावल बेलपत्र पांच-पांच रुपिया में बेचे के मामिला पकड़ल गईल रहे। काशी विश्वनाथ ट्रस्ट के चेयरमैन तक के एह बारे में जानकारी ना रहे। एकरा खातिर उs मंदिर प्रबंधन के अधिकारी के निशाना बना के आपन नाराजगी जतवले। इहाँ तक कि उs कहले कि मंदिर के अधिकारी उनुका के एs बारे में कवनो जानकारी ना देले। एकरा लेके बाबा विश्वनाथ के भक्तन में भी आक्रोश देखल गईल।

मंदिर के भीतर स्थित दोकान के संगे हेल्प डेस्क के नजदीक भी बेलपत्र के बिक्री होखत रहे। एकरा संबंध में एगो औपचारिक लिफाफा भी छपल रहे। मंदिर के भीतर अलग-अलग जगह पs एकरा संबंध में स्टैंड अवुरी होर्डिंग भी लगावल गईल। एकरा लेके जब विरोध बढ़ल तs सीईओ सुनील वर्मा भी बैकफुट पs आ गईले।

पहिले मीडिया के सवाल पs सही साबित करे के कोशिश कइनी बाकिर दू दिन बाद बिक्री बंद हो गइल। काशी विश्वनाथ मंदिर ट्रस्ट के अध्यक्ष प्रोफेसर नागेन्द्र पाण्डेय बेलपत्र के बिक्री पs गहरा नाराजगी जतवले रहले। कहलन कि मंदिर के आमदनी बढ़ावे भा कुछ बेचे पs उनुका से सलाह तक ना लिहल गइल। मानल जाता कि उनुकर गुस्सा लखनऊ ले पहुंच गईल रहे।

सीईओ बने से पहिले उनुका के सिटी मजिस्ट्रेट के पद पs राखल गइल 

2011 बैच के पीसीएस अधिकारी सुनील वर्मा के 3 सितंबर 2020 के काशी विश्वनाथ मंदिर में सीईओ के पद पs तैनात कइल गइल। एकरा से पहिले भी सुनील वर्मा के वाराणसी में सिटी मजिस्ट्रेट के पद पs तैनात कईल गईल बा। विश्वनाथ मंदिर के सीईओ पद में शामिल होखे से पहिले जौनपुर में मुख्य राजस्व अधिकारी के पद पs तैनात रहले।

एहसे पहिले वाराणसी से गाजीपुर के सीआरओ पद पs तबादला कs दिहल गइल रहे बाकिर ओहिजा ज्वाइन करे से पहिले आदेश रद्द कs दिहल गइल आ जौनपुर के सीआरओ आ डिप्टी जिला मजिस्ट्रेट भूमि राजस्व बना दिहल गइल। डॉ. सुनील इतिहास में शोध कइलन आ डॉक्टरेट के डिग्री ले लिहलन।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]