[the_ad_group id="30365"]

अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! का भइल अइसन कि जिनगी से हार के अमिताभ बच्चन छोड़ल चाहत रहले मुंबई?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

आजू पढ़ी सदी के मेगास्टार अमिताभ बच्चन के बारे में,अइसन का भइल कि बिग बी मुंबई छोड़ल चाहत रहले।

सदी के मेगास्टार अमिताभ बच्चन के बॉलीवुड के शहंशाह कहल गलत ना होई। पिछला 5 दशक से फिल्मन में आपन अभिनय कौशल देखावत अमिताभ एक बेर बॉलीवुड छोड़े के फैसला कइले रहले। आजु बॉलीवुड में आपन जड़ स्थापित करे वाला मेगास्टार अमिताभ एक बेर आपन असफलता से हार के बॉलीवुड छोड़े के फैसला कइले रहले। ओह घरी बॉलीवुड के एगो दिग्गज अभिनेता अमिताभ के जिम्मा लिहले आ उनुका के एगो नया राह देखवले।

शोले, अग्निपथ, दीवार आ शहंशाह जइसन कई गो फिलिमन में आपन ताकत से भरल अभिनय से दर्शकन के दिल जीते वाला अमिताभ के अपना करियर के शुरुआत में बहुते असफलता के सामना करे के पड़ल। एगो समय रहे जब लगातार फ्लॉप फिलिमन के चलते कवनो निर्देशक उनुका के अपना फिलिम में ना लिहल चाहत रहुवे। सात हिंदुस्तानी (1969), संजोग (1972), प्यार की कहानी (1971), रास्ते का पत्थर (1972), जबान (1972), एक नजर (1972), बंसी बिरजू (1972), बंधे हाथ (1973) आ अउरी कई गो .. अमिताभ के फिलिम फ्लॉप हो गइल। उनुका जिनिगी के इहे दौर रहे जब बतावल जाला कि उs बॉलीवुड से हमेशा खातीर अलविदा कहे के फैसला कईले। कुछ खबरन में दावा कइल गइल बा कि आपन करियर में निराशा के चलते ऊ हमेशा खातिर मुंबई छोड़े के फैसला कs लिहले रहले।

 मनोज कुमार बनले सहारा

एकरा संगे बॉलीवुड के एगो दिग्गज अभिनेता अमिताभ बच्चन के कैरियर के पटरी पs ले आवे में मदद कईले अवुरी उs केहु अवुरी ना रहले, मनोज कुमार रहले। उs बिग बी के मउका देवे के फैसला कईले अवुरी अमिताभ बच्चन के उनुका संगे काम करे के ऑफर कईले। मनोज कुमार के साथे फिल्म रोटी कपडा और मकान (1974) में काम कइले। ई फिलिम ब्लॉकबस्टर साबित भइल। खबर के मुताबिक अमिताभ बच्चन के कैरियर के इs पहिला ब्लॉकबस्टर फिल्म रहे। एकरा बाद अमिताभ के किस्मत चमकल अवुरी उs सुपरस्टार बन गईले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]