[the_ad_group id="30365"]

यंग इंडिया रेफ्रेंडम में छात्र लोग लिहल हिस्सा : जनमत संग्रह खातिर वोटिंग, आइसा कहलस- केंद्र सरकार के नीतियन के खिलाफ संघर्ष जारी रही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आइसा के ओर से यंग इंडिया कैंपेन चलावल जा रहल बा। एमे मोदी सरकार के 10 बरिस के कार्यकाल के लेके 10 सवाल पूछल गइल बा। कैंपेन के दौराने जनमत संग्रह खातिर छात्रन के बीच वोटिंग करावल जा रहल बा। एह कड़ी में पटना विश्वविद्यालय में कुल 1741 छात्र मतदान में हिस्सा लिहल लो।

आइसा के ओर से जारी कइल गइल मतगणना रिपोर्ट के मोताबिक 1383 छात्र मोदी सरकार के नीतियन के खिलाफ मतदान कइले बा लो। छात्र नेता नीरज यादव कहलें कि जादेतर छात्र फीस बढ़ला से नाखुश बा लो। केंद्र सरकार ओह लोगन खतिर रोजगार के समुचित अवसर उपलब्ध नइखे करावत। एह मतगणना के आधार पs मोदी सरकार के खिलाफ छात्र संगठन आइसा संघर्ष करी।

ओहिजा, प्रदेश अध्यक्ष प्रीति बतवली कि आइसा के ई राष्ट्रीय अभियान रहे। हमनी छात्रन के बीच पटना सहित बिहार के लगभग सब यूनिवर्सिटी में गइनी सs। जहां अधिकतर छात्र केंद्र सरकार के नीतियन से परेसान होके विरोध में मतदान कइले बा लो। अब एही आधार पs हमनी के आगहूं संघर्ष जारी रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]