[the_ad_group id="30365"]

राजभाषा के ओर लईकन के प्रोत्साहित करे के जरूरत– उप प्रधानाचार्य विजय शंकर रजक 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह: बरहज क्षेत्र के श्री अनंत इंटरमीडिएट कॉलेज में हिंदी विषय के अध्यापक डॉ० अनुज यादव के द्वारा हिंदी विषय में कक्षा 9 ए/आ कक्षा 12 के बालिका लोगन खातिर प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। जेमे प्रतिभाग करत पहिला, दुसरा, तीसरा, चउथा आ पांचवा स्थान प्राप्त करे वाली बालिका लोगन के विद्यालय के प्रबंधक आ कार्यवाहक प्रधानाचार्य आउर सब शिक्षक साथियन के द्वारा सम्मानित कइल गइल।

एह प्रतियोगिता खातिर कक्षा 12 में पहिला स्थान प्राप्त करे वाली बालिका अंजली यादव, दुसरा स्थान प्राप्त करे वाली बालिका किट्टू सिंह, तीसरा स्थान प्राप्त करे वाली बालिका दुर्गा साहनी, चउथा स्थान प्राप्त करने वाली बालिका सोनम कुशवाहा, पांचवा स्थान प्राप्त करे वाली बालिका पूजा साहनी के स्मृति चिन्ह आ नगद पुरस्कार देके सम्मानित कइल गइल।

कक्षा 9 के बालिका लोगन में पहिला स्थान प्राप्त करे वाली बालिका प्रीति कुशवाहा, दुसरा स्थान प्राप्त करे वाली बालिका लोगन में आंचल यादव, आरोही त्रिपाठी, आस्था तिवारी, चांदनी यादव के संयुक्त रूप से स्मृति चिन्ह आ नगद पुरस्कार देके सम्मानित कइल गइल।

एह प्रतियोगिता के सम्मान समारोह के संबोधित करत कार्यवाहक प्रधानाचार्य विजय शंकर रजक के द्वारा बालिकन आ बालकन के उत्साहवर्धन करत समूचा छात्र आ छात्रा लोग प्रोत्साहित कइल। एह सम्मान समारोह के अध्यक्षता कार्यवाहक प्रधानाचार्य विजय शंकर रजक के द्वारा कइल गइल आ संचालन सतीश चंद्र के द्वारा कइल गइल बा।

जेमे वरिष्ठ शिक्षक लाल सहन चौधरी, उमेश यादव, जयेंद्र चौधरी, सरोज कुमार, डॉक्टर जितेंद्र कुमार अग्रहरी, जितेंद्र कुमार, उज्जवल कुमार, संतोष कुमार यादव, प्रभात कुमार यादव, संतोष यादव वरिष्ठ लिपिक, धर्मेंद्र उपाध्याय, आनंद वर्मा, रणविजय कुमार समस्त शिक्षक साथी उपस्थित रह‌ल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]