[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर : पुलवामा के वीर शहीदन के इयाद करत छात्रनेता पाकिस्तान के पुतला फूंकल लो 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। पुलवामा में सैनिकन के ऊपर हमला कs के पाकिस्तान 2019 में नापाक हरकत कइले रहे। अमर जवानन के शहादत  के इयाद करत बुध के एह घटना के विरोध में छात्र नेता अंकित वर्मा ,सतीश प्रजापति, अभिषेक यादव बाल विहार तिराहा पs पुतला फूंकना चाहल लो। बाकिर गोरखपुर प्रशासन तिराहा  पs पुतला फूंके पs रोक लगा देलस।

बुदेलखंड गौरव महोत्सव में बड़ हादसा, आतिशबाजी के बीच विस्फोट, 4 लोगन के मौत

एह दौरान छात्रनेता आ  प्रशासन में बहुते झड़प देखे के मिलल। एकर कारण ई बतावल जा रहल बा कि बाल विवार तिराहा पs कवनो आउर व्यक्ति के कार्यक्रम चलत रहे। अंत मे छात्र नेता लोग हार के इंद्रा बाल विहार तिराहा के कुछ दूरी पs पुतला फूंकल।

/

छात्रनेता अंकित वर्मा कहलें कि पाकिस्तान हमेशा से नीच हरकत करत आइल बा। 14 फरवरी के हमनी के सैनिकन के बलिदान के इयाद करत बानी स s।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]