Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर : पुलवामा के वीर शहीदन के इयाद करत छात्रनेता पाकिस्तान के पुतला फूंकल लो 

284

गोरखपुर। पुलवामा में सैनिकन के ऊपर हमला कs के पाकिस्तान 2019 में नापाक हरकत कइले रहे। अमर जवानन के शहादत  के इयाद करत बुध के एह घटना के विरोध में छात्र नेता अंकित वर्मा ,सतीश प्रजापति, अभिषेक यादव बाल विहार तिराहा पs पुतला फूंकना चाहल लो। बाकिर गोरखपुर प्रशासन तिराहा  पs पुतला फूंके पs रोक लगा देलस।

बुदेलखंड गौरव महोत्सव में बड़ हादसा, आतिशबाजी के बीच विस्फोट, 4 लोगन के मौत

एह दौरान छात्रनेता आ  प्रशासन में बहुते झड़प देखे के मिलल। एकर कारण ई बतावल जा रहल बा कि बाल विवार तिराहा पs कवनो आउर व्यक्ति के कार्यक्रम चलत रहे। अंत मे छात्र नेता लोग हार के इंद्रा बाल विहार तिराहा के कुछ दूरी पs पुतला फूंकल।

/

छात्रनेता अंकित वर्मा कहलें कि पाकिस्तान हमेशा से नीच हरकत करत आइल बा। 14 फरवरी के हमनी के सैनिकन के बलिदान के इयाद करत बानी स s।

740040cookie-checkगोरखपुर : पुलवामा के वीर शहीदन के इयाद करत छात्रनेता पाकिस्तान के पुतला फूंकल लो 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.