[the_ad_group id="30365"]

गजब मामला: 500 रूपिया के नोट पऽ महात्मा गांधी के जगह अनुपम खेर के फोटो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुछ लोग अहमदाबाद के एगो ज्वेलर से 2 किलो से अधिका सोना लगभग एक करोड़ 90 लाख रुपया में खरीदले। बाकिर जौहरी के गोड़ नीचे से जमीन फिसल गइल जब उ लोग देख के कि महात्मा गांधी के फोटो के जगह नोट प बॉलीवुड अभिनेता अनुपम खेर के फोटो छपल बा।

गुजरात के अहमदाबाद के सर्राफा बाजार में करोड़ों रुपया के धोखाधड़ी के अजीब मामला सोझा आइल बा। इहाँ कुछ बदमाश एक करोड़ 90 लाख रुपया के 2100 ग्राम सोना लेके भाग गइले। एह बदमाश जौहरी के दिहल पइसा नकली रहे, जवना पs बॉलीवुड अभिनेता अनुपम खेर के फोटो छपल रहे। इ नोट देख के जौहरी लोग चौंक गइले। एकरा बाद मामला के जानकारी पुलिस के दिहल गइल, पुलिस आरोपी के गिरफ्तारी खातिर जांच शुरू कऽ देले बिया।

अहमदाबाद के सीजी रोड पs फर्जी आंगड़िया फर्म मामले में अभिनेता अनुपम खेर के फोटो मिलल बा। तीन लोग 500 रुपिया के 26 बंडल दे के 1.90 करोड़ रुपिया के 2100 ग्राम सोना लेके भाग गइले। क्राइम ब्रांच के टीम सीसीटीवी फुटेज के आधार पs एह तीनों लोग के पता लगावतिया। सीजी रोड इस्थित लक्ष्मी ज्वेलर्स के मैनेजर प्रशांत पटेल  सर्राफा व्यापारी मेहुल ठक्कर से पटेल कांतिलाल मदनलाल अंगदिया फर्म के 2100 ग्राम सोना देवे के कहले रहले।

मेहुल ठक्कर अपना कर्मचारी भरत जोशी के 2100 ग्राम सोना आंगड़िया फर्म में पहुंचावे खातिर भेजले। भरत जोशी जब उहाँ पहुंचले तऽ एगो आदमी के गिनती के मशीन दे दिहले। दूसरा आदमी भारत जोशी से सोना लेले अउरी तीसरा आदमी बतवलस कि जब तक गिनती मशीन में गिनती ना भइल तब तक बैग में 1.30 करोड़ रुपया रहे, बगल के ऑफिस से 30 लाख रुपया ले आवे के रहे।

भारत जोशी के नजर से दूर रखल सोना लेके उहाँ से तीनों लोग भाग गइले। जब कर्मचारी बैग से 500 रुपया के गठरी निकललस तऽ देखलस कि 500 रुपया के सभ नोट पs अनुपम खेर के फोटो छपल बा। एह फर्जी नोटन पs भारतीय रिजर्व बैंक के जगह भारतीय रेसोल बैंक लिखल गइल बा। पुलिस अब आरोपी के तलाश में जुटल बिया।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]