[the_ad_group id="30365"]

बिहार: दरभंगा में राम विवाह के झांकी पs पथराव, मस्जिद के लगे जमके चलल ईंट-पत्थर

राम विवाह के झांकी के दौरान पथराव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के दरभंगा जिला में राम विवाह के झांकी पs पत्थरबाजी के बाद अराजकता मच गईल। विवाह पंचमी के मौका पs तरौनी गांव से निकालल जा रहल झांकी जब एगो मस्जिद के नजदीक पहुंचल तs जुलूस पs पत्थरबाजी शुरू हो गईल। एकरा बाद दुनो समूह से ईंट-पत्थर फेंके लागल। शुक के सांझ के हालत एतना बिगड़ गईल कि जहां से विवाह पंचमी जुलूस निकले वाला रहे, ओ गली में खाली पत्थर देखाई देलस।

पुलिस अलर्ट मोड पs

एक पक्ष दोसरा पक्ष आमने सामने आ गइल आ लाठी-पत्थर से भारी पत्थरबाजी भइल. एकरा में बहुत लोग के भी चोट पहुंचल बा। एकरा बाद पुलिस भारी संख्या में पहुंचल अवुरी दुनो पक्ष से बात कईला के बाद स्थिति के काबू में ले आईल। अबे इलाका में तनाव बा। एकरा बारे में पुलिस अलर्ट मोड में बिया। 

नगर थाना के बाजितपुर क्षेत्र में घटना

शहर थाना के बाजितपुर इलाका में दरभंगा के माहौल बिगाड़े के कोशिश कइल गइल बा. जहां राम विवाह के जुलूस जसही एगो मस्जिद के नजदीक मोड़ पs पहुंचल तs पहिले दोसरा समुदाय के लोग जुलूस के रोक देले। एकरा बाद उs लोग पत्थर चलावे लगले।

पुलिस जांच में लागल
प्रशासन के दावा बा कि दरभंगा में पत्थरबाजी के बाद हालात काबू में बा, बाकिर हिंसा काहें भड़कल? आखिर ऊ लोग के हs? जे मिथिला के राम विवाह के झांकी पs पत्थर चला के माहौल बिगाड़े के कोशिश करत रहले। एकर जाँच कइल जा रहल बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाइट बढ़वले में असरदार बा इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल लंबाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]