STOCK MARKET: लगातार दूसरका दिन बाजार में तेजी, सेंसेक्स 126 अंक उछल के भइल बंद, NIFTY में तेजी

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2023

भारतीय शेयर बाजार (Share Market) दूसरका कारोबारी सत्र में बढ़त के साथ बंद भइल। सेंसेक्‍स आज सबेरे 93 अंकन के गिरावट के संगे 61,075 पs खुलल आ कारोबार सुरू भइल, जबकि निफ्टी 34 अंकन के

Share

भारतीय शेयर बाजार (Share Market) दूसरका कारोबारी सत्र में बढ़त के साथ बंद भइल। सेंसेक्‍स आज सबेरे 93 अंकन के गिरावट के संगे 61,075 पs खुलल आ कारोबार सुरू भइल, जबकि निफ्टी 34 अंकन के बढ़त के संगे 18,163 पs खुलल आ ट्रेडिंग के सुरुआत भइल। कारोबार के अंत में सेंसेक्स (Sensex) 126 अंकन के उछाल के संगे 61294 आ निफ्टी 35 अंक मजबूत होके 18232 पs बंद भइल। निफ्टी 222 अंकन के तेजी के संगे 43425 पs बंद भइल।

आज कंज्यूमर ड्यूरेबल्स, हेल्थकेयर, फार्मा आ आईटी इंडेक्स में तेजी रहल। एकरा अलावे आज इंश्योरेंस कंपनियन के स्टॉक्स में जोरदार तेजी देखे के मिलल। HDFC LIFE, MAX FINANCIAL, ICICI PRU, ICICI LOMBARD 4 से 5 प्रतिशत तक चढ़ल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.